Lok Sabha Elections 2024: बीजेपी में शामिल भइले बॉक्सर विजेंदर सिंह, केजु से मिली टिकट?

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2024

आवे वाला लोकसभा चुनाव से पहिले बहुत बड़ हस्ती के राजनीतिक दल में शामिल होखे के प्रक्रिया चलता। एही बीच बुध के अंतरराष्ट्रीय बॉक्सर विजेंदर सिंह, भाजपा में शामिल हो गईले। विजेंदर सिंह आज दुपहरिया

Share

आवे वाला लोकसभा चुनाव से पहिले बहुत बड़ हस्ती के राजनीतिक दल में शामिल होखे के प्रक्रिया चलता। एही बीच बुध के अंतरराष्ट्रीय बॉक्सर विजेंदर सिंह, भाजपा में शामिल हो गईले। विजेंदर सिंह आज दुपहरिया 3:00 बजे दिल्ली भाजपा मुख्यालय में पार्टी में शामिल भइले।

रमेश बिधूड़ी से हार गईले

विजेंदर सिंह, के भाजपा में शामिल होखला के बाद कांग्रेस के एगो अवुरी झटका लागल बा। चर्चा होखत रहे कि विजेंदर सिंह कांग्रेस के टिकट पs मथुरा से चुनाव लड़ सकतारे। हालांकि एह बारे में अंतरराष्ट्रीय बॉक्सर के कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल। विजेंदर सिंह 2019 के चुनाव दक्षिण दिल्ली से कांग्रेस के टिकट पs लड़ले बाड़े। उsभाजपा के रमेश बिधूड़ी से 6 लाख वोट से हार गईले।

दिसंबर 2023 में उs सोशल मीडिया पs राजनीति बंद करे के घोषणा कईले। एकरा बाद अटकलबाजी भईल कि विजेंदर सिंह राजनीति से दूरी बना लेले बाड़े। हालांकि अयीसन ना भईल। अब उs भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखे के मन बना लेले। लोकसभा चुनाव से ठीक पहिले विजेंदर सिंह भाजपा में शामिल हो गइल बाड़न। अयीसना में देखे के होई कि पार्टी उनुका के कहां से मैदान में उतारी।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.