लॉकर में बंद भइने 84 साल का बुजुर्ग: बैंक वाले गलती से लगा देहले रहने ताला

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2022

हैदराबाद में एगो 84 साल के बुजुर्ग बैंक कर्मचारियन के लापरवाही से लॉकर में कैद हो गइने। ऊ करीब 18 घंटे ले लॉकरवे में रहने। एकरे बाद जब पुलिस उनके बारे में छानबीन शुरू कइलस

Share

हैदराबाद में एगो 84 साल के बुजुर्ग बैंक कर्मचारियन के लापरवाही से लॉकर में कैद हो गइने। ऊ करीब 18 घंटे ले लॉकरवे में रहने। एकरे बाद जब पुलिस उनके बारे में छानबीन शुरू कइलस त बुजुर्ग के बारे में पता चल पावल। जइसहीं पुलिस लॉकर खुलववलस ऊ बेहोश मिलने, जेकरे बाद उनके अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

सांझ के गइल रहने बैंक 
यह पूरा मामला बादराबाद के जुबली हिल्स इलाके के बा। इहां के निवासी वी कृष्णा रेड्डी सोमवार करीब चार बजकर 20 मिनट पर निजी काम के चलते बैंक गइल रहने। बैंक पहुंचते ऊ आपन लॉकर खुलववने। एह दौरान रेड्डी ई भुला गइने कि बैंक बंद होखले के समय हो गइल बा। ऊपर से बैंक कर्मचारी सब ध्यान नहीं देहले कि कौनो व्यक्ति लॉकर रूम में बा। कर्मचारी बैंक में ताला लगा के उहवाँ से चल गइने।

जमीन पर मिलने बेहोश 
सांझ ले जब कृष्णा रेड्डी घर नाइ पहुंचने त परिजन उनकर तलाश शुरू कइने। जब केहू के कुछ पता नाइ चलल त पुलिस के एकर सूचना देहल गइल। पुलिस सीसीटीवी फुटेज के आधार पर बैंक के पता लगवलस। एकरे बाद भिन्नही जब साढ़े दस बजे लॉकर रूम खोलल गइल त रेड्डी फर्श पर बेहोश पड़ल मिलने।

डायबटीज के मरीज बाने बुजुर्ग 
परिजन लोग बतावल कि कृष्णा रेड्डी डायबटीज अउर बीपी के मरीज बाने। बेहोशी के हालत में ओनके अस्पताल में भर्ती करावल गइल। डॉक्टर बतवने कि बुजुर्ग अभियो सदमा में बाने।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.