Weather Update: पहाड़न में बर्फबारी के साथे जाड़ा दिहलस दस्तक, दिल्ली-NCR में आजु छाइल रही बादल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

    भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) के मुताबिक अतवार के दिल्ली में न्यूनतम तापमान 19 डिग्री सेल्सियस अवुरी अधिकतम तापमान 34 डिग्री सेल्सियस रहल जवन कि मौसमी औसत से दु डिग्री कम बा। मौसम विभाग

Share

मौसम:फोटो

 

 

भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) के मुताबिक अतवार के दिल्ली में न्यूनतम तापमान 19 डिग्री सेल्सियस अवुरी अधिकतम तापमान 34 डिग्री सेल्सियस रहल जवन कि मौसमी औसत से दु डिग्री कम बा। मौसम विभाग आजु आसमान में आंशिक रूप से बादल छाए के अनुमान लगवले बा आ अधिकतम आ न्यूनतम तापमान क्रमशः 35 डिग्री सेल्सियस आ 19 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के संभावना बा।

आईएमडी 16 अक्टूबर ले 10 राज्य में भारी बरखा के चेतावनी जारी कईले बिया, जवना के चलते बहुत इलाका में भारी बरखा के संभावना बा। आईएमडी के मुताबिक अगिला दु दिन में गुजरात, मध्य प्रदेश, उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र, बिहार अवुरी झारखंड के कुछ हिस्सा से दक्षिण पश्चिम मानसून वापस आवे के संभावना बा। हालांकि कई राज्यन में खास कs के दक्षिण प्रायद्वीपीय भारत में भारी बरखा जारी रहे के अनेसा बा.

दक्षिणी राज्यन खातिर आईएमडी के पूर्वानुमान के मुताबिक तमिलनाडु आ पुडुचेरी में 15 अक्टूबर ले, अगिला छह दिन में केरल में आ आंध्र प्रदेश में 16 अक्टूबर ले भारी बरखा हो सकेला. कर्नाटक में भी 14 अक्टूबर ले बरखा होई, जबकि 14 अक्टूबर के तमिलनाडु अवुरी केरल में बहुत भारी बरखा हो सकता।

केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) के कहल बा कि राजधानी के वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) “मध्यम” श्रेणी में 224 दर्ज भइल बा.

पहाड़ के मौसम कइसन बा? 

मौसम के पहिला बर्फबारी पहाड़ी इलाका में भइल बा। एकरा चलते ठंडा हवा बहे लागल बा अवुरी बहुत राज्य के मौसम में बदलाव होखे लागल बा। मौसम विभाग के मुताबिक 19 अक्टूबर के शिमला के पहाड़ी इलाका में बर्फबारी के संभावना बा। संगही, लाहौल-स्पिति अवुरी किन्नौर में पिए के पानी जम के शुरू हो चुकल बा। एकरा अलावे उत्तराखंड में भी ठंढा बढ़े लागल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.