बैडमिंटन में लक्ष्य सेन हरले ब्रॉन्ज मेडल मैच, ओलंपिक में इतिहास रचले से चूकले

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2024

  भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी लक्ष्य सेन भारत खातिर कांस्य पदक के मैच ना जीत पवले. बैडमिंटन के मेंस सिंगल इवेंट में उनुका हार के सामना करे के पड़ल बा. भारत खातिर ई निराशा

Share

 

भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी लक्ष्य सेन भारत खातिर कांस्य पदक के मैच ना जीत पवले. बैडमिंटन के मेंस सिंगल इवेंट में उनुका हार के सामना करे के पड़ल बा. भारत खातिर ई निराशा के पल बा। बता दीं कि भारतीय बैडमिंटन खातिर ई एगो ऐतिहासिक पल हो सकत रहे. बैडमिंटन के मेंस सिंगल इवेंट में भारत कबो कवनो पदक नइखे जीतले. लक्ष्य सेन अइसन करे वाला पहिला खिलाड़ी बन सकत रहले. एह मैच में लक्ष्य सेन मलेशिया के ली जी जिया से हार गइल बाड़न. दुनु खिलाड़ियन के बीच ई मैच बहुते रोमांचक रहल.

मैच कइसन रहल?

लक्ष्य सेन आ ली जी जिया के बीच खेलल मैच ली जी जिया के 13-21, 21-16, 21-11 के अंतर से जीतल गइल. एह मैच से पहिले लक्ष्य सेन सेट जीत लिहले रहले बाकिर एकरा बाद मलेशिया के ली जी जिया शानदार वापसी कइलन. पहिला सेट लक्ष्य 21-13 से जीत लिहली. पहिला सेट हारला के बाद ली जी जिया निराश ना भइले आ अगिला दू सेट में लक्ष्य सेन के हरा दिहले. दुसरका सेट दुनु खिलाड़ियन के बीच बहुते रोमांचक रहल. जहाँ ली जी जिया 21-16 से जीत हासिल कइले। दुसरका सेट में लक्ष्य बढ़िया फॉर्म में रहले बाकिर तब उनका साथे कुछ अइसन भइल जवना से उनकर लय बिगड़ गइल.

का इ हार चोट के चलते भईल रहे?

बैडमिंटन मेंस सिंगल्स इवेंट से ब्रॉन्ज मेडल के मैच के दुसरका सेट में लक्ष्य सेन चोटिल हो गइली. जवना के असर उनकर लय पs भी पड़ल। चोट लगला के बाद लक्ष्य के हाथ पs पट्टी लगावे के पड़ल। उनुका खेले वाला हाथ पs भी चोट लागल बा। जवना के चलते उs ठीक से ना खेल पवले। उनुका दाहिना हाथ से खून भी आवत देखल गईल। कई बेर एकरा चलते मैच के बीच में ब्रेक लेत रहले। अंत में लागल कि ऊ अपना चोट से बहुते परेशान बाड़न आ इहे कारण भी रहे कि ऊ आपन अगिला दू गो सेट हार गइलन.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.