Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Farmers Protest: कुरुक्षेत्र में 18 घंटा से सड़क पs डटले किसान, रोडे पs हो रहल बा खाइल-पियल आ नहाइल 

कुरुक्षेत्र में सोमारे से किसानन के धरना जारी बा। बीतल 18 घंटा से सब किसान दिल्ली-चंडीगढ़ हाईवे पs डटल बा लो। भाकियू (भारतीय किसान यूनियन) के ओर से पिपली अनाज-मंडी में सोमार के बोलावल गइल किसान महारैली के बाद किसान लोग पिपली में गीता द्वार के नजदीक जीटी रोड जाम कs दिहल।

196

हरियाणा के कुरुक्षेत्र में सोमारे से किसानन के धरना जारी बा। ओहिजा बीतल 18 घंटन से सब किसान दिल्ली-चंडीगढ़ हाईवे पs डटल बा लो।

भारतीय किसान यूनियन (चढ़ूनी) के ओर से पिपली अनाज मंडी में सोमार के बोलावल गइल किसान महारैली के बाद किसान लोग पिपली में गीता द्वार के नजदीक जीटी रोड जाम कs दिहल। जाम करे खातिर किसान लोग सड़क पs ट्रैक्टर आ आउर वाहन खड़ा कs दिहल लो।

सड़कन पs नहात लउकल किसान लोग

सभे किसानन के रात तs हाईवे पs गुजरल एकरा संगही ओह लोगन के खाइल पियल ओहिजा मंगर के सबेरे सब किसान पानी के टैंकर खड़ा करवा के सड़क के किनारे आ पार्कन में पाइप से नहात नजर आइल लो।

टिकैत बोलले- रिहाई से नीचे कवनो समझौता नइखे 

ओहिजा बीतल दिन किसानन के बीच पहुंचल भारतीय किसान यूनियन के प्रवक्ता राकेश टिकैत कहलें कि सूरजमुखी आ आउर फसलन पs एमएसपी लागू करे आ छव जून के गुरनाम चढ़ूनी सहित गिरफ्तार कइल गइल किसान नेता लोगन के रिहाई से नीचे कवनो समझौता ना होई। देर सांझ किसान प्रशासन के दस बजे तक के मोहलत देलस आ मांग पूरा ना भइला पs सड़क पs रात्रि पड़ाव डाल दिहल लो।

अधिकारियन के बैठक बेनतीजा 

किसान देर रात रागिनी सुनत, ट्रैक्टर पs डीजे बजावत नाचत आ लंगर खात दिखल लो। महारैली के दौरान कमेटी के संगे जिला प्रशासन के अधिकारियन के तीन बेर बैठक भइल, बाकिर बेनतीजा रहल। कमेटी अपना बात पs अड़ल रहल। एकरा बाद किसान जीटी रोड जाम करे निकल पड़ल लो।

किसानन के मूड के भांपत पुलिस साइड में खड़ा रहल आ जीटी रोड के तरफ जाये देलस। रैली में पहुंचल पहलवान बजरंग पूनिया पहलवानन के तरफ से किसानन के आंदोलन के समर्थन देलें। कइयन खापन सहित रैली में पंजाब, उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड से बड़ संख्या में किसान पहुंचल रहे लो।

किसानन पs भइल लाठीचार्ज

बता दीं कि सूरजमुखी पs एमएसपी लागू करावे खातिर भाकियू (चढ़ूनी) सरकार के अल्टीमेटम देवे के बाद 6 जून के शाहबाद में किसान महापंचायत बोलवके रहे। शाहाबाद में जीटी रोड जाम कs दिहल गइल रहे। एकरा बाद पुलिस जीटी रोड खाली करावे खातिर हाई कोर्ट के आदेस के हवाला देत किसानन पs लाठीचार्ज कइलस आ जीटी रोड खाली करा लिहल।

गुरनाम चढ़ूनी सहित कइयन नेता लोगन के खिलाफ केस दर्ज कs के ओह लोगन के गिरफ्तार कs लिहल। तब से ऊ जेल में बाड़ें। एकरा बादो आंदोलन कमजोर ना पड़ल आ किसान लोग एक बेर जीटी रोड जाम कs दिहल।

14 जून के हो रहल बा हरियाणा बंद के तइयारी

एही पs किसान नेता रमेश दलाल के कहनाम बा कि अब ओह लोगन के मांगन के लेके हरियाणा बंद के तइयारी कइल जा रहल बा। हरियाणा बंद के दौरान खाद्य सामान दिल्ली ना जाई। उनकर कहनाम बाकि जदि हमनी के मांग पूरा ना भइल तs रोड़ से लेके रेल सब के बंद कs दिहल जाई।

ओहिजा मनोहर सरकार पs निशाना साधत कहलें कि प्रदेश सरकार पिछला 9 सालन में कवनो प्रस्तावित मूल्य के ना बढ़वलस। संगही इहो कहलें कि बृजभूषण शरण सिंह के गिरफ्तारी खातिर 14 जून के बंद के सफल बनावे के बा।

564520cookie-checkFarmers Protest: कुरुक्षेत्र में 18 घंटा से सड़क पs डटले किसान, रोडे पs हो रहल बा खाइल-पियल आ नहाइल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.