ए वजह से जाड़ा में बढ़ जाला थायराइड के समस्या? जानीं कवन घरेलू उपाय से मिली झटपट आराम

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 9, 2024

  एह समय लोग थायराइड के समस्या से ग्रस्त होत बांटे । पहिले तs ईs समस्या से महिला लोग ग्रसित होत रहेली लेकिन अब पुरुष लोग ई समस्या के शिकार होत हवैं । थायराइड गर्दन

Share

 

एह समय लोग थायराइड के समस्या से ग्रस्त होत बांटे । पहिले तs ईs समस्या से महिला लोग ग्रसित होत रहेली लेकिन अब पुरुष लोग ई समस्या के शिकार होत हवैं । थायराइड गर्दन के निचिला हिस्सा के बीचे में एगो छोट ग्रंथी होला। जेसे के थायराइड हार्मोन निकलेला । ई हार्मोन शरीर के मेटाबॉलिज्म के कंट्रोल करेला। राउर शरीर सुचारू रूप से चले एकरा खातीर थायराइड हार्मोन बेहद जरूरी होला । एसे में जब थायराइड हार्मोन असंतुलित होला तs ओ वजहि से लोगन के थायराइड के समस्या होले। हाल ही में क‌इल ग‌इल अध्ययन के मुताबिक, थायराइड कैंसर के घटना में तीन गुना वृद्धि भ‌इल। महिला में थायराइड कैंसर के दर पुरुषन के तुलना में लगभग चार गुना अधिक बा। अइसे में अगर रउरा थायराइड के चपेट में आ जांई तs आपन लाइफ स्टाइल के बेहतर कs सकेनी। चली आजु हम आपके बताएब की जाड़ा में थायराइड के समस्या काहे बढेला। साथे ही कुछ घरेलू नुस्खा से ई समस्या में आराम मिल सकेला।

थाइरॉइड के मरीज के एs सभ चीज़ के सेवन करे के चाही

अदरक के सेवन : अगर आप थाइरॉइड के समस्या से पीड़ित बानी तs अदरक के सेवन करे के चाही। अदरक में मौजूद पोटेशियम अवुरी मैग्नीशियम थाइरॉइड के समस्या से राहत देवे में मददगार होखेला। एकरा में एंटी-इंफ्लेमेटरी गुण होखेला जवन कि थाइरॉइड के बढ़े से रोक सकता।

अलसी के बीज के सेवन : अलसी के बीज में फैटी एसिड भरपूर मात्रा में होखेला। एकरा संगे एकरा में मौजूद मैग्नीशियम अवुरी विटामिन बी 12 हाइपोथायरायडिज्म से लड़ेला अवुरी थाइरॉइड से छुटकारा पावे में कारगर होखेला।

नारियल तेल : नारियल तेल में फैटी एसिड होखेला जवन कि थाइरॉइड ग्रंथि के ठीक से काम करे में मदद करेला। मतलब कि नारियल तेल खाली बाल खातीर ना बालुक थाइरॉइड खातीर भी बहुत कारगर बा।

मुलेठी फायदेमंद होखेला : थाइरॉइड ग्रंथि के संतुलन बनावे में मुलेठी बेहद फायदेमंद होखेला। थाइरॉइड के मरीज बहुत जल्दी थक जाले। अयीसना में मुलेठी के सेवन ओ लोग खातीर कारगर होई।

अश्वगंधा भी कारगर : अगर आप थाइरॉइड के समस्या से पीड़ित बानी तs अश्वगंधा आपके एकरा में मदद कs सकता। थाइरॉइड के समस्या के नियंत्रित करे में अश्वगंधा कारगर बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.