काशी विश्वनाथ लाइव दर्शन ऐप भइल लॉन्च

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2022

मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र सुक के श्रीकाशी विश्वनाथ धाम में लाइव दर्शन ऐप के लॉन्च कइनी। उहाँ के  बतवनी कि एह ऐप से श्रद्धालुअन के दर्शन आ पुजा में बहुते आसानी होई। संगही भीड़

Share

मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र सुक के श्रीकाशी विश्वनाथ धाम में लाइव दर्शन ऐप के लॉन्च कइनी। उहाँ के  बतवनी कि एह ऐप से श्रद्धालुअन के दर्शन आ पुजा में बहुते आसानी होई। संगही भीड़ के कंट्रोल करे में परशासन के आसानी होखी।मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र बतवनी कि बाबाधाम बनला के बाद से श्रद्धालु लोगन के संख्या बढ़ल बा। एही के धेयान में राख़ के एह ऐप के लॉन्च कइल गइल बा। अभी एह एप पs खाली शिवरात खातिर रजिसट्रेसन होता, बाक़िर एप पs रजिस्टर कs के आवला पs दर्शन के बाध्यता जइसन कवनो बात नइखे, अइसहूँ दर्शन कइल जा सकेला।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.