Karnataka CM: कर्नाटक के अगिला सीएम के? आज सांझ कांग्रेस विधायक दल के बैठक में होई फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2023

Karnataka Assembly Election 2023: कर्नाटक विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के बंपर बहुमत मिलल बा। राज्य में कांग्रेस के सरकार बनल तs तय हो गइल बा, बाकिर अभी तक पार्टी में सीएम के लेके माथापच्ची जारी

Share

Karnataka Assembly Election 2023: कर्नाटक विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के बंपर बहुमत मिलल बा। राज्य में कांग्रेस के सरकार बनल तs तय हो गइल बा, बाकिर अभी तक पार्टी में सीएम के लेके माथापच्ची जारी बा। एह बीच सीएम के नाम पs आम सहमति बनावे खातिर आज कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे के बेंगलुरु इस्थित आवास पs कांग्रेस विधायकन के बैठक भइल।

आज सांझ होई विधायकन के बैठक

कर्नाटक में कांग्रेस के नवनिर्वाचित विधायक आज सांझ बैठक कs के सरकार गठन पs चरचा करे के संगे मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार पs आपन विचार रखी लो। निवर्तमान विधानसभा में विपक्ष के नेता सिद्धारमैया आ कर्नाटक प्रदेश कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष डी के शिवकुमार एह पद के प्रबल दावेदार मानल जा रहल बा आ दउर में सबसे आगे बा लो।

जानकारी के मोताबिक कांग्रेस विधायक दल (सीएलपी) के बैठक आज सांझ 5:30 बजे सुरू होई आ सब नवनिर्वाचित नेता लोगन के पहिले बेंगलुरु आवे के निरदेस दिहल जा चुकल बा।

शिंदे, दीपक बावरिया आ भंवर सिंह बनलें पर्यवेक्षक

ओने, कांग्रेस नेतृत्व सुशील कुमार शिंदे, दीपक बावरिया आ भंवर जितेंद्र सिंह के कर्नाटक में पर्यवेक्षक बनावल गइल बा। पर्यवेक्षक आज कांग्रेस विधायक दल के बैठक में मवजूद रही लो आ पार्टी आलाकमान के रिपोर्ट सउपी लो।

खरगे से मिले पहुंचलें सिद्धारमैया

सीएम के फैसला होखे से पहिलही कांग्रेस अध्यक्ष खरगे अपना आवास पs आज एगो बैठक बोलवलें। बैठक में सिद्धारमैया समेत कइयन कांग्रेस विधायक पहुंचल लो, जवना के शिष्टाचार भेंट बतावल गइल। बैठक में कांग्रेस नेता प्रियांक खरगे पहुंचलें जहां ऊ बतवलें कि सीएम के फैसला आज सांझ CLP के बैठक में होई।

कांग्रेस के मिलल बा 135 सीट

गौर करे वाला बात बा कि कर्नाटक के कुल 224 सदस्यीय विधानसभा खातिर 10 मई के भइल चुनावन में कांग्रेस 135 सीटन के संगे बड़ जीत हासिल कइले बिया। ओहिजा, सत्तारूढ़ भाजपा के 66 आ पूर्व प्रधानमंत्री एच डी देवेगौड़ा के नेतृत्व वाला जनता दल (सेक्युलर) के 19 सीट मिलल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.