अभिनेत्री आ MP कंगना रनौत के चंडीगढ़ कोर्ट में होखे पड़ी पेश

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 17, 2024

बॉलीवुड अभिनेत्री आ सांसद कंगना रनौत के परेशानी बढ़त जात बा। काहे कि कंगना रानौत के चंडीगढ़ जिला अदालत में पेश होखे के आदेश जारी हो चुकल बा।मंगर के दिने कंगना रनौत के नयका फिलिम

Share

बॉलीवुड अभिनेत्री आ सांसद कंगना रनौत के परेशानी बढ़त जात बा। काहे कि कंगना रानौत के चंडीगढ़ जिला अदालत में पेश होखे के आदेश जारी हो चुकल बा।मंगर के दिने कंगना रनौत के नयका फिलिम इमरजेंसी के खिलाफ दायर याचिका पs अदालत एह आदेश के सुनवाई करत नोटिस जारी कइले बिया। जारी नोटिस में कंगना के 5 दिसंबर के हाजिर होखे के कहल गइल बा।

जिला बार एसोसिएशन के अध्यक्ष रहल अधिवक्ता रविंदर सिंह बस्सी कंगना के खिलाफ याचिका दायर कइले बाड़न। बता दीं कि कंगना रनौत के नया फिल्म इमरजेंसी 6 सितंबर के रिलीज होखे वाला रहे, हालांकि फिल्म पs रोक लगा दिहल गइल बा। ई फिलिम जवन पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी पs आधारित बा। एकर ट्रेलर रिलीज हो चुकल बा।

अधिवक्ता रविंदर सिंह बस्सी कहले कि कंगना एह फिल्म के माध्यम से सिख लोग के छवि के कलंकित करे के कोशिश कइले बाड़ी। इतिहास पढ़ले बिना कंगना सिख लोग के नकारात्मक छवि देखवले बाड़ी आ झूठा आरोपो लगवले बाड़ी। एहसे उऽ कंगना के खिलाफ मामला दर्ज करावे के मांग कइले बाड़े। एह याचिका में कंगना रनौत के साथे स्क्रीन प्ले लेखक रितेश शाह आ ज़ी स्टूडियो के प्रतिवादी बनावल गइल बा।

पांच दिन पहिले मोहाली के दु लोग हाईकोर्ट में याचिका दायर कइले रहले

ओने मोहाली निवासी गुरिंदर सिंह आ गुरमोहन सिंह पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट में पीआईएल दायर कइले बाड़न आ फिल्म इमरजेंसी के रिलीज पs रोक लगावे के मांग कइले बाड़न। दुनु जने याचिका में कहले रहले कि एह फिल्म में सिख लोग के गलत तरीका से देखावल गइल बा। अगर फिलिम अइसहीं रिलीज भइल तऽ सिखन के भावना पर चोट लागी। सिख लोग के छवि के कलंकित करे के मंशा से जानबूझ के ई फिलिम बनावल गइल बा। उ मांग कइले बाड़े कि फिल्म के रिलीज होखे से पहिले विशेषज्ञ के पैनल बनावल जाए, जवना में एसजीपीसी के सदस्य शामिल होखे के चाही। फिल्म ओह लोग के देखावल जाव आ विवादित सीन फिल्म से काट दिहल जाव। ओकरा बादे ओकरा के रिलीज कइल जाव।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.