Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मनोरंजन: राजनीति में एंट्री करते कंगना रनौत खरीदली लग्जरी कार

935

 

कंगना रनौत अपना प्रोफेशनल लाइफ के लेके आजकल खबर में बाड़ी। हिमाचल प्रदेश के मंडी सीट से भाजपा के लोकसभा उम्मीदवार आ बॉलीवुड अभिनेत्री कंगना रनौत राजनीति में उतरला के बाद एगो अउरी लग्जरी कार खरीद लिहली. बॉलीवुड के रानी अवुरी उनुका बयान खातीर सुर्खियन में आवे वाली अभिनेत्री के एगो वीडियो सोझा आईल बा, जवना में उनुका के अपना नाया लग्जरी कार में देखल गईल। अभिनेत्री कंगना के ई वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा।

कंगना राजनीति में आके नया कार खरीदली

अतवार के दिने मुंबई में कंगना रनौत अपना नया मर्सिडीज मेबैक के घुमावे खातिर जात देखल गइल. सैलून से निकलत घरी अभिनेत्री के सफेद ड्रेस पहिनले देखल गईल। एही बीच उनुकर नाया कार पैपराजी के ध्यान अपना ओर खींचलस अवुरी उs लोग अभिनेत्री के नाया कार के संगे कंगना के तस्वीर क्लिक कईले। बता दीं कि राजनीति में उतरला के महज कुछ हफ्ता बाद कंगना रनौत एगो नया गाड़ी खरीदली. उs मंडी से भाजपा खातीर चुनाव लड़तारी।

कंगना रनौत के लग्जरी का

एह वायरल वीडियो में देखल जा सकेला कि कंगना रनौत एगो सफेद रंग के मर्सिडीज-बेंज मेबैक जीएलएस में बईठल रहली। कंगना पछिला महीना भाजपा पार्टी में शामिल भईल रहली। मंडी में उनुकर नाम भाजपा उम्मीदवार के रूप में भईल। आजकल अभिनेत्री रैली में व्यस्त बाड़ी। हालांकि कंगना रनौत गाड़ी के दाम के लेके कवनो जानकारी ना देली। कंगना रनौत के कार कलेक्शन में एगो अवरू लग्जरी कार भी जोड़ल गईल बा।

कंगना रनौत के वर्कफ्रंट

वर्क फ्रंट के बात कईल जाए तs कंगना रनौत के आखिरी बेर फिल्म ‘तेजस’ में देखल गईल रहे। जल्दिए एह अभिनेत्री के फिल्म ‘इमरजेंसी’ में देखल जाई. एह फिलिम में उनुका के पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के किरदार में देखल जाई. एह फिल्म में कंगना रनौत के अलावे अनुपम खेर, श्रेयस तलपड़े, महिमा चौधरी आ मिलिंद सोमन के देखल जाई.बता दीं, फिल्म के निर्देशन आ निर्माता कंगना हई। फिल्म ‘इमरजेंसी’ 14 जून 2024 के रिलीज होखे वाला बा.

 

 

 

 

 

 

784930cookie-checkमनोरंजन: राजनीति में एंट्री करते कंगना रनौत खरीदली लग्जरी कार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.