कंगना रनौत मंगली माफी, कृषि कानून पऽ लेली यूटर्न

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2024

बॉलीवुड अभिनेत्री आ भाजपा सांसद कंगना रनौत के तीनों कृषि कानून वापस ले आवे के मांग के बाद विवाद बढ़ता। एही बीच मंडी सांसद अपना बयान खातिर माफी मंगले बाड़ी। कंगना रनौत कहली कि अगर

Share

Kangana Ranaut

बॉलीवुड अभिनेत्री आ भाजपा सांसद कंगना रनौत के तीनों कृषि कानून वापस ले आवे के मांग के बाद विवाद बढ़ता। एही बीच मंडी सांसद अपना बयान खातिर माफी मंगले बाड़ी। कंगना रनौत कहली कि अगर हमार बयान से केहू के ठेस पहुंचल बा तऽ माफी चाहऽतानी आ हम आपन बात वापस ले तानी।

भाजपा सांसद कंगना रनौत मंगर के दिने केंद्र सरकार से तीनों कृषि कानून के फेर से लागू करे के मांग कइले रहली। कंगना के एह बयान के बाद विवाद शुरू हो गइल बा। कंगना के एह बयान के लेके विपक्षी नेता लगातार भाजपा पs हमला करऽ तारे। हालांकि कंगना अपना बयान खातिर माफी मंगले बाड़ी। मंडी सांसद कहली कि कृषि कानून के संबंध में दिहल बयान से केहु के चोट पहुंचल बा तऽ उऽ आपन बात वापस ले ताड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.