कनाडा के फुटबॉल टीम 36 साल बाद विश्व कप में जगे बनवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2022

कनाडा के राष्ट्रीय फुटबॉल टीम 36 साल के बाद फीफा पुरुष विश्व कप में जगे बना लेले बा। कनाडा साइले लारिन, टाजोन बुकानन आ जूनियर होइलेट के गोल के मदद से जमैका के 4-0 से

Share

कनाडा के राष्ट्रीय फुटबॉल टीम 36 साल के बाद फीफा पुरुष विश्व कप में जगे बना लेले बा। कनाडा साइले लारिन, टाजोन बुकानन आ जूनियर होइलेट के गोल के मदद से जमैका के 4-0 से हरा के 36 साल में पहिला हाली विश्व कप फुटबॉल में जगे बनवलस

फीफा फुबॉल विश्व कप एह साल नवंबर-दिसंबर में क़तर में आयोजित होई। कनाडा के टीम एकरा पहिले खाली एक बेर 1986 में विश्व कप में खेलल रहे। ओह विश्व कप में टीम पहिलके दौर में हार के बाहर हो गइल रहे।

उरुग्वे आ इक्वाडोर के विश्व कप में बनल जगे

दक्षिण अमेरिका के देस उरुग्वे आ इक्वाडोर के टीमो विश्व कप में जगे बना लेलस। दु बेर के चैम्पियन उरुग्वे पेरु के 1-0 से हरा के आ इक्वाडोर के खाली राहे आसान ना कइलस बलुक अपने आ इक्वाडोर के विश्व कप में पहुंचा देलस।

अमेरिका के बड़हन जीत

कृशिचयन पुलिसिच के अंतराष्ट्रीय फुटबॉल में पहिलका हैट्रिक के संगे पनामा के 5-1 से हरा के एह साल के अंतिम में होखे आला विश्व कप खातिर मजबूती से डेग बढ़वलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.