जेपी यूनिवर्सिटी पेपर लीक ममिला के होई जांच : सनीचर के आनर्स के पेपर भइल रहे लीक, रजिस्ट्रार बोललें- विश्विद्यालय के बदनाम करे के साजिश

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2024

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में स्नातक पार्ट वन के परीक्षा पत्र लीक होखे के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन अलर्ट मूड में बा। सनीचर के परीक्षा पत्र लीक होखला के बाद परीक्षा विभाग जांच पड़ताल में जुट गइल

Share

PHD Enterance Exam

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में स्नातक पार्ट वन के परीक्षा पत्र लीक होखे के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन अलर्ट मूड में बा। सनीचर के परीक्षा पत्र लीक होखला के बाद परीक्षा विभाग जांच पड़ताल में जुट गइल बा। परीक्षा सुरू होखला के पहिलही सोशल मीडिया पs वायरल होखे लागल। जवना के बाद हड़कंप मच गइल। उच्चस्तरीय मीटिंग बोलाके ममिला के जांच पड़ताल कइल जा रहल बा। सनीचर के आनर्स विषय के प्रश्नपत्र लीक होखे के बात बतावल जा रहल बा। जवना के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन कावर से उच्च स्तरीय जांच करावे के बात बतावल गइल।

पार्ट वन के परीक्षा के अंतर्गत सनीचर के ऑनर्स विषयन के परीक्षा निर्धारित रहे। पहिला पाली में राजनीति विज्ञान, अर्थशास्त्र, ग्रामीण अर्थशास्त्र, सोशियोलॉजी आदि विषयन के परीक्षा रहे। परीक्षा सुरू होखे से पहिलही राजनीति विज्ञान विषय के कइयन प्रमुख प्रश्न सोशल मीडिया में वायरल हो गइल।

जब ममिला परीक्षा विभाग के संज्ञान में आइल तब परीक्षा विभाग परीक्षा के प्रश्न पत्र में अंकित प्रश्नन से वायरल भइल प्रश्नन के मिलान कइल तs कइयन गो प्रमुख प्रश्न एक समान रहे। हालांकि, जवन प्रश्न वायरल भइल रहे। ओकरा सीरियल नंबर में हेर फेर रहे। एकरा बाद दूसरका पाली में भूगोल विषय के परीक्षा सुरू होखे के पहिलही भूगोल के कइयन प्रश्न फेर से सोशल मीडिया पs वायरल होखे लागल।

वायरल होखे के बात गलत

ममिला के बारे में जानकारी देत रजिस्ट्रार कहलें कि ई पूरा तरे से विश्वविद्यालय के बदनाम करे के साजिश बा। कवनो प्रश्न पत्र वायरल नइखे भइल। केहूओ प्रश्नन के पैटर्न के धेयान में रखत संभावित प्रश्नन के एगो सूची बनाके वायरल कs देले बा। संजोग से कुछ प्रश्न मेल खा गइल बा। एकरा बादो विश्वविद्यालय एह पूरा ममिला के गंभीरता से लेले बा। एकर हम उच्च स्तरीय जांच करायेम।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.