पटना एयरपोर्ट पहुंचले जेपी नड्डा, बिहार के 3 जिला के मिली बड़ सौगात

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा बिहार में 850 करोड़ रुपया के 6 स्वास्थ्य परियोजना के उद्घाटन करीहें। उऽ 188 करोड़ रूपिया के लागत से बनल पटना में पूर्वोत्तर भारत के सबसे बड़ अवुरी अत्याधुनिक

Share

BIHAR news

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा बिहार में 850 करोड़ रुपया के 6 स्वास्थ्य परियोजना के उद्घाटन करीहें। उऽ 188 करोड़ रूपिया के लागत से बनल पटना में पूर्वोत्तर भारत के सबसे बड़ अवुरी अत्याधुनिक नेत्र अस्पताल के उद्घाटन करीहें। एकरा अलावे भागलपुर में 200 बेड के सुपरस्पेशलिटी अस्पताल के उद्घाटनो करीहें। एह अस्पतालन के खुलला से मरीजन के समस्या के समाधान हो जाई।

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष सह केंद्रीय स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्री जगत प्रकाश नड्डा दु दिन के प्रवास पs शुक के सबेरे 10.15 बजे पटना हवाई अड्डा पहुंचले। इहाँ उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी, विजय कुमार सिन्हा समेत भाजपा के वरिष्ठ नेता उनकर स्वागत कइले। उऽ 850 करोड़ रूपिया के 6 स्वास्थ्य परियोजना के उद्घाटन करे से पहिले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से उनका आवास प मुलाकात करीहें।

दुपहरिया बारह बजे उऽ 188 करोड़ रूपिया के लागत से बनल आईजीआईएमएस के सबसे बड़ आ आधुनिक नेत्र अस्पताल पूर्वोत्तर भारत के उद्घाटन करीहें। इहाँ से रिमोट के माध्यम से उ पटना के सरकारी आयुर्वेदिक कॉलेज के दुगो प्री-फैब लेक्चर थिएटर आ कॉन्फ्रेंस हॉल के उद्घाटन करीहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.