Jio-Airtel : जियो-एयरटेल गुपचुप तरीका से बढ़वलस मोबाइल डेटा के दाम, बंद भइल 249 रुपिया वाला सस्ता पैक

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2025

टेक डेस्क। जियो आ एयरटेल (Jio And Airtel) एक बेर फेर अपना ग्राहकन के झटका देले बा। टेलीकॉम कंपनी आपन सबसे सस्ता कॉल आ डेटा प्लान (Call And Data Plans) के बंद कs देले बा।

Share

टेक डेस्क। जियो आ एयरटेल (Jio And Airtel) एक बेर फेर अपना ग्राहकन के झटका देले बा। टेलीकॉम कंपनी आपन सबसे सस्ता कॉल आ डेटा प्लान (Call And Data Plans) के बंद कs देले बा। एकरा से उपभोक्तन के जेब पs बोझ एक बेर फेर बढ़े वाला बा। बता दीं कि कुछ दिन पहिलही जियो (Jio) आपन सबसे सस्ता 249 वाला रिचार्ज प्लान के बंद कs दिहल, जेमे यूजर्स के 28 दिन के वैलिडिटी के संगे हर दिन 1 जीबी डेटा आ अनलिमिटेड कॉल के फायदा मिलत रहे। एकरा तुरंत बाद एयरटेल (Airtel) अपना 24 दिन के वैलिडिटी वाला 249 रुपिया वाला प्लान के बंद करे के ऐलान कs दिहल, जेमे ग्राहकन के अनलिमिटेड कॉल के संगे हर दिन 100 एसएमएस के संगे 1 जीबी डेटा दिहल जात रहे।

महंगा हो गइल नया बेस प्लान

अब जियो आ एयरटेल के ग्राहकन के 28 दिन वाला बेस पैक रिचार्ज करावल महंगा पड़ी। 249 रुपिया के पुराना पैक बंद होखला के बाद अब ग्राहकन के बेस पैक रिचार्ज करे खातिर 50 रुपिया जादे खर्च करे के होई। जियो आ एयरटेल के बेवसाइट के मोताबिक, अब सबसे सस्ता प्लान 299 रुपिया के बा। आईं जानल जाव नया बेस पैक के कीमत केतना बा आ का फायदा मिलत बा।

Jio के बेस पैक के नया कीमत

जियो के 28 दिनन के बेस पैक अब 299 रुपिया से सुरू होला। एमे रउआ 28 दिनन के वैलिडिटी के संगे हर दिन 1.5 जीबी डेटा आ 100 एसएमएस के फायदा मिली। रउआ एह पैक में कुल 42 जीबी डेटा यूज कs पाएम।

Airtel के बेस पैक के नया कीमत

एयरटेल में अब 28 दिन वाला सबसे किफायती प्लान 279 रुपिया के बा जेमे रउआ हर दिन 1 जीबी 5जी डेटा के संगे अनलिमिटेड कॉलिग के फायदा मिल रहल बा। एकरा संगही रउआ के Netflix, Jio Hotstar आ Zee5 के मुफ्त सब्सक्रिप्शन दिहल जा रहल बा।

एकरा अलावे, एयरटेल अपना ग्राहकन के 299 रुपिया वाला पैक में 28 दिन तक हर दिन 1.5 जीबी डेटा आ अनलिमिटेड कॉलिंग के फायदा दे रहल बा।

Read Also : Tariff War : टैरिफ पs अमेरिका पs पलटवार खातिर ‘यूरेशिया’ बनी ब्रम्हास्त्र; भारत-ईएईयू के बीच एफटीए पs मंथन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.