Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

J&K: कुपवाड़ा में एगो पाकिस्तानी आतंकी समेत लश्कर के 2 दहशतगर्द ढेर

Jammu and Kashmir Encounter News: कश्मीर IGP विजय कुमार बतवले कि लश्कर-ए-तैयबा के दु गो आतंकियन के ढेर कइल गइल बा। ऊ बतवले कि एमे एगो पाकिस्तानी आतंकवादी तुफैल शामिल बा।

401

जम्मू आ कश्मीर में भारतीय सेना आ पुलिस के मंगर के बड़ सफलता मिलल बा। कुपवाड़ा में भइल मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के दु आतंकवादियन के ढेर कs दिहल गइल बा। एह बात के जानकारी पुलिस अधिकारी देले बाड़े। ऊ बतवले कि मरे वालन में एगो पाकिस्तानी आतंकवादियो शामिल बा। फिलहाल, कार्रवाई जारी बा।

पुलिस कुपवाड़ा के चतारस कंडी इलाके में मुठभेड़ के जानकारी देले रहे। समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक, कश्मीर IGP विजय कुमार बतवले कि LeT के दु आतंकियन के मार गिरावल गइल बा। ऊ बतवले कि एमे एगो पाकिस्तानी आतंकवादी तुफैल शामिल बा। इलाका में सेना आ पुलिस के तलाशी अभियान जारी बा।

एक दिन पहिलहु ढेर भइल रहे लश्कर के आतंकी

बारामूला जिला में सोमार के सुरक्षा बलन के साथे मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के एगो पाकिस्तानी आतंकवादी मारल गइल रहे, जबकि तीन आतंकवादी मवका से भाग गइल रहले सs पुलिस ई जानकारी देलस। पुलिस के एगो अधिकारी बतवले कि सोपोर के जालूर इलाका के पानीपुरा जंगल में आतंकवादियन के मवजूदगी के बारे में विशेष सूचना पs कार्रवाई करत सुरक्षा बल उहां घेराबंदी कs के तलाशी अभियान शुरू कइले रहे।

269980cookie-checkJ&K: कुपवाड़ा में एगो पाकिस्तानी आतंकी समेत लश्कर के 2 दहशतगर्द ढेर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.