J&K: कुपवाड़ा में एगो पाकिस्तानी आतंकी समेत लश्कर के 2 दहशतगर्द ढेर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 7, 2022

जम्मू आ कश्मीर में भारतीय सेना आ पुलिस के मंगर के बड़ सफलता मिलल बा। कुपवाड़ा में भइल मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के दु आतंकवादियन के ढेर कs दिहल गइल बा। एह बात के जानकारी पुलिस

Share

जम्मू आ कश्मीर में भारतीय सेना आ पुलिस के मंगर के बड़ सफलता मिलल बा। कुपवाड़ा में भइल मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के दु आतंकवादियन के ढेर कs दिहल गइल बा। एह बात के जानकारी पुलिस अधिकारी देले बाड़े। ऊ बतवले कि मरे वालन में एगो पाकिस्तानी आतंकवादियो शामिल बा। फिलहाल, कार्रवाई जारी बा।

पुलिस कुपवाड़ा के चतारस कंडी इलाके में मुठभेड़ के जानकारी देले रहे। समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक, कश्मीर IGP विजय कुमार बतवले कि LeT के दु आतंकियन के मार गिरावल गइल बा। ऊ बतवले कि एमे एगो पाकिस्तानी आतंकवादी तुफैल शामिल बा। इलाका में सेना आ पुलिस के तलाशी अभियान जारी बा।

एक दिन पहिलहु ढेर भइल रहे लश्कर के आतंकी

बारामूला जिला में सोमार के सुरक्षा बलन के साथे मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के एगो पाकिस्तानी आतंकवादी मारल गइल रहे, जबकि तीन आतंकवादी मवका से भाग गइल रहले सs पुलिस ई जानकारी देलस। पुलिस के एगो अधिकारी बतवले कि सोपोर के जालूर इलाका के पानीपुरा जंगल में आतंकवादियन के मवजूदगी के बारे में विशेष सूचना पs कार्रवाई करत सुरक्षा बल उहां घेराबंदी कs के तलाशी अभियान शुरू कइले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.