Jammu and Kashmir: ‘सेब से भरल ट्रक ले जात रहे ड्राइवर, अचानक पलटल तs….’ जानी फेरु का भइल उहाँ

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2023

  जम्मू कश्मीर : देश भर में आम बात बा कि अगर कवनो तरह के सामान लेके चले वाली गाड़ी के दुर्घटना से भेंट होखे तs ओकरा बाद नजदीक के लोग ओ ट्रक के सामान

Share

 

जम्मू कश्मीर : देश भर में आम बात बा कि अगर कवनो तरह के सामान लेके चले वाली गाड़ी के दुर्घटना से भेंट होखे तs ओकरा बाद नजदीक के लोग ओ ट्रक के सामान लूटे लागेले, लेकिन सोमवार (2 अक्टूबर) के सबेरे जम्मू-कश्मीर में एगो अलग… दृश्य श्रीनगर राजमार्ग पs देखल गइल। रामबन के नचलना इलाका में जब सेब के डिब्बा से भरल ट्रक पलट गईल त लूटपाट के जगह सड़क पs चलत ट्रक अवुरी लॉरी चालक, यात्री अवुरी ट्रैफिक पुलिस के जवान मदद खातीर आगे आ गईले अवुरी सभ सेब के डिब्बा के सुरक्षित रूप से… ट्रक से निकाल के सड़क के किनारे रख दिहले।

जिला आयुक्त ट्वीट करके धन्यवाद

ट्रैफिक पुलिस ट्रक के सीधा कs के ट्रैफिक खातीर सड़क खोल देलस अवुरी ट्रक चालक अवुरी सेब के कारोबारी के लाखों के नुकसान से बचा लेलस। आमतौर पs एगो ट्रक पs 25-30 लाख के फल लेके चलेला। रामबन जिला आयुक्त मसरत जिया खुद एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया ps शेयर कइले बाड़न बल मिलला खातिर धन्यवाद…’

जम्मू-कश्मीर ट्रैफिक पुलिस भी ए घटना के वीडियो अपना हैंडल पs जारी कs सड़क बंद होखे अवुरी खुले के पूरा कहानी पोस्ट कs देलस। शायद ई घटना देश के बाकी लोग खातिर एगो मिसाल बा आ सिखावेला कि तनी मेहनत से कुछुओ हो सकेला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.