Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुड़-इमली के चटनी से इम्यूनिटी मजबूत होला, खून  के कमी भी दूर हो जाई, मिनट भर में आसानी से तैयार हो जाई

गुड़ इमली के चटनी : इमली अउरी गुड़ दुनो शरीर खातीर बहुत फायदेमंद होखेला।  अगर इ दुनो चीज़ एक संगे खाईल जाए त एकरा से बहुत फायदा होला।  गुड़-इमली के चटनी बना के खा सकेनी।  स्वादिष्ट होखे के अलावे इ स्वस्थ राखे में भी मदद करी। गुड़ इमली के चटनी कईसे बनावल जाला : हमनी के खाना में अयीसन बहुत चीज़ शामिल होखेला जवन कि ना सिर्फ स्वादिष्ट होखेला बालुक शरीर खातीर बहुत फायदेमंद होला। 

235

गुड़-इमली के चटनी से इम्यूनिटी मजबूत होला, खून  के कमी भी दूर हो जाई, मिनट भर में आसानी से तैयार हो जाई


गुड़ इमली के चटनी : इमली अउरी गुड़ दुनो शरीर खातीर बहुत फायदेमंद होखेला।  अगर इ दुनो चीज़ एक संगे खाईल जाए त एकरा से बहुत फायदा होला।  गुड़-इमली के चटनी बना के खा सकेनी।  स्वादिष्ट होखे के अलावे इ स्वस्थ राखे में भी मदद करी।
गुड़ इमली के चटनी कईसे बनावल जाला : हमनी के खाना में अयीसन बहुत चीज़ शामिल होखेला जवन कि ना सिर्फ स्वादिष्ट होखेला बालुक शरीर खातीर बहुत फायदेमंद होला।

गुड़ आ इमली भी अइसने दू गो खाद्य पदार्थ हवें।  गुड़ आ इमली से बनल चटनी स्वादिष्ट होखे के साथे सेहतमंद भी होला।  गुड़-इमली के चटनी इम्यूनिटी  बढ़ावे वाला होखेला।  एकरा संगे एनीमिया होखेवाला लोग नियमित रूप से गुड़-इमली के चटनी के सेवन क शरीर में हीमोग्लोबिन के मात्रा बढ़ा सकतारे।  इहाँ के कई गो  खाना में गुड़-इमली के चटनी के इस्तेमाल होला।  सड़क के खाना के स्वाद एह चटनी के बिना अधूरा लागेला।
अगर रउरा गुड़-इमली के चटनी के स्वाद भी पसंद बा त एकरा के घर में आसानी से तैयार क सकेनी।  गुड़-इमली के चटनी बनावल बहुत आसान बा।  अगर रउआ अभी तक इ चटनी बनावे के कोशिश नईखी कईले त हमनी के बतावल तरीका के मदद से गुड़-इमली के चटनी बहुत आसानी से तैयार क सकतानी।  आईं जानल जाव एकर सरल रेसिपी।
गुड़-इमली के चटनी बनावे के सामग्री
इमली गूदा – 1/2 कपगुड़ – 1 कपसौंफ – 1/2 टी स्पूनलाल मिर्च पाउडर – 1 टी स्पूनचीनी – 1 टी स्पूननमक – स्वादानुसार
गुड़-इमली के चटनी कइसे बनाईं-
गुड़ आ इमली के चटनी बनावे खातिर पहिले कटोरी लेके पानी भर के इमली के गूदा डाल दीं।  इमली के कुछ समय तक पानी में रहे दी|ं ओकरा बाद पानी के नीचे गूदा के बढ़िया से मैस करीं।  अब एगो अउरी कटोरी लेके ओकरा में गुड़ डाल के पानी में मिला लीं।  कुछ समय बाद गुड़ पिघले लागी।  एकरा बाद हाथ से गुड़ के मसली।  अब दुनो कटोरा के अलग-अलग राखीं
कड़ाही के गरम करे खातिर मध्यम आंच पे रखे के चाहीं।  कड़ाही गरम होला के बाद इमली के गूदा के पानी डाल के पका लीं।  कुछ देर पकला के बाद इमली के गूदा उबलल शुरू हो जाई।  ओकरा बाद ओकरा में पानी के संगे गुड़ मिला लीं।  अब करछुल से हिलावत घरी एह मिश्रण के कुछ देर ले पकाईं।  ओकरा बाद स्वाद के हिसाब से लाल मिर्च पाउडर, चीनी अउरी नमक डाल के मिला लीं।  कुछ मिनट बाद चटनी उबलल शुरू हो जाई।

चटनी में एक-दू उबाल तक पकाईं।  एकरा बाद सौंफ डाल के मिला लीं।  अब चटनी के लगभग 1 मिनट अउरी पकाईं, फिर गैस बंद कर दीं।  स्वाद आ पोषण से भरल गुड़-इमली के चटनी तैयार बा।  एकरा के स्नैक्स के संगे खाइल जा सकता।

474250cookie-checkगुड़-इमली के चटनी से इम्यूनिटी मजबूत होला, खून  के कमी भी दूर हो जाई, मिनट भर में आसानी से तैयार हो जाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.