Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

9वीं-11वीं के वार्षिक परीक्षा में सामिल होखल जरूरी : बिहार बोर्ड देलस सख्त निरदेस, अनुपस्थित रहे आ पास ना करे वाला छात्रन के ना होई नामांकन

336

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) 9वीं आ 11वीं के वार्षिक परीक्षा में सामिल होखल अब अनिवार्य कs दिहल गइल बा। एमे सामिल होखे आ पास करे वाला स्टूडेंट्स के आगे के कक्षा में नामांकन हो सकी। बोर्ड साफ कहलस कि 11वीं कक्षा के वार्षिक परीक्षा में अनुपस्थित रहे वाला विद्यार्थियन के 12वीं में नामांकन लेवे के अनुमति ना दिहल जाई। एही तरे 9वीं के वार्षिक परीक्षा में अनुपस्थित रहे वाला विद्यार्थियन को 10वीं में नामांकन ना होई।

जिला शिक्षा पदाधिकारियों को सौंपी गई जिम्मेदारी

बोर्ड निरदेस देत कहलस कि 11वीं कक्षा के छात्र-छात्रा लोगन खातिर वार्षिक परीक्षा-2024 के आयोजन कइल जा रहल बा। ओहिजा, 9वीं कक्षा के वार्षिक परीक्षा आज से सुरू हो रहल बा। कुछ विद्यार्थियन के वार्षिक परीक्षा में सामिल ना होखे के सूचना प्राप्त हो रहल बा, जवन कि एकदमे गलत बा। एह लोगन के आगे जाके नामांकन में बहुते परेसानी होई। बिहार बोर्ड के एह निरदेसन के पालन करावे के जिम्मेदारी सब जिला शिक्षा पदाधिकारियन के दिहल गइल बा।

11वीं पास होई छात्र तबे 12वीं में प्रोमोट

12वीं कक्षा में 11वीं के ओहि विद्यार्थियन के प्रोमोट कइल जाई, जे एह वार्षिक परीक्षा 2024 में शामिल होके उत्तीर्ण होई। ओहिजा, 10वीं कक्षा में 9वीं के ओहि विद्यार्थियन के प्रमोट कइल जाई, जे एह वार्षिक परीक्षा 2024 में सामिल होके पास होई। सूबे में 12 लाख से बेसी विद्यार्थी 11वीं कक्षा में नामांकित बा लो। ओहिजा, कक्षा 9वीं में 16 लाख छात्र-छात्राए बा लो। बिहार बोर्ड प्राचार्यन, जिला कार्यक्रम पदाधिकारी आ सब जिला शिक्षा पदाधिकारियन के एकरा के लेके सूचित कs देले बा।

766030cookie-check9वीं-11वीं के वार्षिक परीक्षा में सामिल होखल जरूरी : बिहार बोर्ड देलस सख्त निरदेस, अनुपस्थित रहे आ पास ना करे वाला छात्रन के ना होई नामांकन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.