धार्मिक यात्रा: बिहान से सुरू होई आईआरसीटीसी के सात ज्योतिर्लिंग खातिर विशेष ट्रेन, जानीं कहां-कहां रही स्टॉप

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2023

आईआरसीटीसी 22 जून से एक संगे सात ज्योर्तिलिंगन के यात्रा कराई। एह यात्रा में ओंकारेश्वर, महाकालेश्वर, सोमनाथ, नागेश्वर, त्रयंबकेश्वर, घृष्णेश्वर, भीमाशंकर ज्योतिर्लिंग के संगही द्वारकाधीश मंदिरो के दर्शन करे के मवका मिली। यात्रा 22 जून

Share

आईआरसीटीसी 22 जून से एक संगे सात ज्योर्तिलिंगन के यात्रा कराई। एह यात्रा में ओंकारेश्वर, महाकालेश्वर, सोमनाथ, नागेश्वर, त्रयंबकेश्वर, घृष्णेश्वर, भीमाशंकर ज्योतिर्लिंग के संगही द्वारकाधीश मंदिरो के दर्शन करे के मवका मिली।

यात्रा 22 जून से सुरू होके एक जुलाई तक 09 रात आ 10 दिन के होई। एह ट्रेन में श्रेणी अनुसार कुल 767 बर्थ बा। सेकेंड एसी के 49, थर्ड एसी के 70 आ स्लीपर के 648 सीट बा।

ट्रेन में उतरे/चढ़े के सुविधा गोरखपुर, बस्ती, मनकापुर, अयोध्या कैंट, बाराबंकी लखनऊ, कानपुर, उरई आ वीरांगना लक्ष्मीबाई स्टेशन पs बा। एह ट्रेन के सबसे बड़ विशेषता ई बा कि एमे नहाये के सुविधा तक दिहल गइल बा।

हर कोच में एगो पूजा कक्षो बनावल गइल बा। सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवलें कि यात्रियों के गाइडेंस खातिर आईआरसीटीसी के कर्मचारी हर जगह मवजूद रही लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.