IRCTC Tour Package: थाईलैंड घूमल चाहत बानी तs आईआरसीटीसी दे रहल बा सस्ता में मवका, जानीं बुकिंग आ खरचा के डिटेल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2023

IRCTC Tour Package: होली के बाद अगर रउओ बिदेस घूमे के मन बना रहल बानी, तs ई खबर रउआ खातिर बा। भारतीय रेलवे के ईकाई इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कॉरपोरेशन माने आईआरसीटीसी (IRCTC) के

Share

IRCTC Tour Package: होली के बाद अगर रउओ बिदेस घूमे के मन बना रहल बानी, तs ई खबर रउआ खातिर बा। भारतीय रेलवे के ईकाई इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कॉरपोरेशन माने आईआरसीटीसी (IRCTC) के द्वारा थाईलैंड के सैर करे के पैकेज पेश कइल गइल बा, जेमे रउआ के कइयन गो मशहूर पर्यटन स्थलन के सैर करावल जाई।

आईआरसीटीसी के ओर से पेश कइल गइल, एह नया पैकेज के नाम डिलाइटफुल थाईलैंड एक्स लखनऊ (NL008) बा। ई पैकेज पांच रात आ छव दिन के होई। ई विमान यात्रा लखनऊ एयरपोर्ट से 17 मार्च के आरंभ होके 22 मार्च के समाप्त होई। हवाई यात्रा, वीजा फीस, तीन सितारा होटलन में ठहरे आ भोजन के बेवस्था आईआरसीटीसी के ओर से कइल जाई।

एह पर्यटन स्थलन पs घुमावल जाई 

एह पैकेज में थाईलैंड के राजधानी बैंकॉक आ आउर प्रमुख शहर पटाया के कइयन मशहूर पर्यटन स्थलन के सामिल कइल गइल बा। बैंकाक में जेम्स गैलरी, बैंकाक के हाफडे सिटी टूर, चाओप्राया क्रूज, सफारी वल्र्ड, मरीन पार्क आ सी लाइफ बैंकाक ओशिन पटाया में नांग नूच, ट्रापिकल गार्डन, अलकजार शो आ कोरल आईलैंड यात्रियन के घुमावल जाई। एह टूर पैकेज में लखनऊ से बैंकाक तक जाये आ वापसी के यात्रा विमान से होई।

घूमे खातिर देवे के होई पईसा 

दु व्यक्तियन के एक संगे ठहरला पs पैकेज प्रति यात्री 57200 रुपिया होई। आइआरसीटीसी के मुख्य क्षेत्रीय प्रबंधक अजीत कुमार सिन्हा बतवलें कि पैकेज के बुकिंग पहिले आओ पहिले पाओ के आधार पs होई। एकर बुकिंग रउआ आईआरसीटीसी के वेबसाइट पs जाके भा फेर गोमतीनर पर्यटन भवन इस्थित आईआरसीटीसी कार्यालय जाके कs सकत बानी। ओहिजा, रउआ बेसी जानकारी खातिर 8287930930 पs संपर्क कs सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.