Iran Row: ‘तेहरान से तुरंत बाहर निकले के एडवाइजरी’, ईरान-इस्राइल संघर्ष बढ़ला पs भारत अपना नागरिकन से दूतावास से संपर्क में रहे के कहलस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2025

सेंट्रल डेस्क। ईरान आ इस्राइल के बीच जारी संघर्ष के आउर बढ़ला पs भारत अपना नागरिकन खातिर नया एडवाइजरी जारी कइले बा। भारत अपना लोगन से तुरंत तेहरान छोड़े के कहले बा। ओह लोगन के

Share

सेंट्रल डेस्क। ईरान आ इस्राइल के बीच जारी संघर्ष के आउर बढ़ला पs भारत अपना नागरिकन खातिर नया एडवाइजरी जारी कइले बा। भारत अपना लोगन से तुरंत तेहरान छोड़े के कहले बा। ओह लोगन के भारतीय दूतावास के संपर्क में रहे आतेहरान से बाहर आवे खातिर उचित बेवस्था ना हो सके तक सुरक्षित स्थान पs रहे के कहल गइल बा।

ईरान में भारतीय दूतावास कहलस कि सब भारतीय नागरिक आ पर्सन ऑफ इंडियन ओरिजिन (भारतीय मूल के व्यक्ति) जे अपना संसाधनन के उपयोग कs के तेहरान से बाहर जा सकत बा, ओह लोगन शहर के बाहर सुरक्षित स्थान पs जाये के सलाह दिहल जात बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.