International Youth Day 2024: अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस कब आ काहे मनावल जाला? जानि एह दिन के इतिहास

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

युवा लोग के मानसिक आ सामाजिक विकास खातिर हर साल अगस्त महीना में अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस मनावल जाला। युवा दिवस के माध्यम से युवा लोग के वैश्विक स्तर पs आपन आवाज, काम आ अपना सार्थक

Share

युवा लोग के मानसिक आ सामाजिक विकास खातिर हर साल अगस्त महीना में अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस मनावल जाला। युवा दिवस के माध्यम से युवा लोग के वैश्विक स्तर पs आपन आवाज, काम आ अपना सार्थक पहल के पहचाने के मौका मिलेला।

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस 2024 तिथि : राष्ट्र निर्माण, विकास आ प्रगति कवनो देश के युवा लोग के योगदान पर निर्भर करेला। सामाजिक, आर्थिक आ राजनीतिक हालात खातिर युवा के भूमिका महत्वपूर्ण बा। अइसने में युवा के विकास आ ओह लोग के जीवन से जुड़ल समस्या के समझल जरूरी बा। नवहन के समस्या के बारे में जान के ओकर समाधान खोजे के चाहीं, जेहसे कि ऊ लोग समाज खातिर आपन आवाज उठा सके।

युवा लोग के मानसिक आ सामाजिक विकास खातिर हर साल अगस्त महीना में अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस मनावल जाला। युवा दिवस के माध्यम से युवा लोग के वैश्विक स्तर पs आपन आवाज, काम आ अपना सार्थक पहल के पहचाने के मौका मिलेला। एह लेख के माध्यम से जानीं कि अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस काहे आ कइसे मनावल जाला, साथही एह दिन के इतिहास, महत्व आ एह साल के विषय के भी जानीं।

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस कब मनावल जाला?

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस हर साल 12 अगस्त के मनावल जाला। ई दिन युवा लोग के आवाज, काम आ प्रयास के उजागर करे आ ओह लोग के विकास के अवसर के बढ़ावा देवे के एगो महत्वपूर्ण मौका बा।

पहिला बेर कब युवा दिवस मनावल गइल

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस के पहिला बेर 12 अगस्त 2000 के मनावल गइल। संयुक्त राष्ट्र महासभा 17 दिसंबर 1999 के एह दिन के मनावे के प्रस्ताव पारित कइलस। एकरा बाद पहिला बेर 2000 में अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस मनावल गइल जवन आज तक हर साल 12 अगस्त के मनावल जाला।

 युवा दिवस के इतिहास

साल 1985 के “युवा के अंतर्राष्ट्रीय साल” घोषित कइल गइल। एह साल के सफलता के देखत 1995 में संयुक्त राष्ट्र “युवा लोग खातिर विश्व कार्यक्रम” शुरू कइलस। बाद में 1998 में पुर्तगाल के लिस्बन में आयोजित विश्व युवा सम्मेलन में युवा विकास आ भागीदारी के महत्व पर जोर दिहल गइल।

अगिला साल 1999 में संयुक्त राष्ट्र महासभा 12 अगस्त के अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस घोषित कइलस। ई प्रस्ताव विश्व युवा सम्मेलन आ “युवा लोग खातिर विश्व कार्यक्रम” के सिफारिश के परिणाम रहे।

युवा दिवस काहे मनावल जाला

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस मनावे के मुख्य उद्देश्य युवा लोग के भूमिका आ योगदान के पहचानल आ प्रोत्साहित कइल बा। एह दिन के मकसद युवा से जुड़ल मुद्दा पर जागरूकता बढ़ावल आ ओह लोग के विकास खातिर अनुकूल माहौल बनावल बा।

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस 2024 के थीम

अंतर्राष्ट्रीय युवा दिवस 2024 के थीम बा ‘क्लिक से प्रगति तक: सतत विकास खातिर युवा डिजिटल मार्ग’। ई बिसय एह बात पर केंद्रित बाड़ें कि डिजिटल टेक्नोलॉजी सभ के कइसे इस्तेमाल कइल जाय ताकि सतत बिकास लक्ष्य (एसडीजी) के हासिल करे के दिशा में प्रगति के आगे बढ़ावल जा सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.