Infinix Smart 8 लीक डिटेल, 7 हजार में एतना कुछ कइसे? जानीं डिटेल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 6, 2024

Infinix  एगो नया स्मार्टफोन Infinix Smart 8 लॉन्च खातिर तइयार बा। फोन के लॉन्च में अभी वक्त बा। बाकिर एकरा पहिले फोन से जुड़ल डिटेल लीक हो गइल बा, जवना के मोताबिक Infinix Smart 8

Share

Infinix  एगो नया स्मार्टफोन Infinix Smart 8 लॉन्च खातिर तइयार बा। फोन के लॉन्च में अभी वक्त बा। बाकिर एकरा पहिले फोन से जुड़ल डिटेल लीक हो गइल बा, जवना के मोताबिक Infinix Smart 8 के भारत में 7000 रुपिया से कम कीमत में लॉन्च कइल जा सकत बा। ऐसे में यूजर्स के सवाल बा कि आखिर सात हजार रुपिया से कम कीमत में 50MP कैमरा के संगे एतना सारा फीचर्स कइसे पेश कइल जा सकत बा।

का बा स्मार्टफोन के फीचर्स

Infinix Smart 8 स्मार्टफोन के एगो विजुअल पंच के संगही 90Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट के साथ पेश कइल जा सकत बा। फोन में एगो 6.6HD+ पंच-होल डिस्प्ले दिहल जा सकत बा। जदि मेमोरी के बात करीं तs फोन में 4GB रैम सपोर्ट दिहल जा सकत बा। संगही 4GB वर्चुअल रैम सपोर्ट दिहल जाई। एकरा अलावे स्टोरेज खातिर 64GB सपोर्ट दिहल जाई। Infinix Smart 8 स्मार्टफोन में सानदार कैमरा मॉड्यूल दिहल गइल बा। एमे रउआ रिंग फ्लैश लाइट के सपोर्ट मिली। संगही मेन कैमरा के तौर पs एगो 50MP ड्यूल एआई कैमरा सिस्टम दिहल जाई। एकरा अलावे सेल्फी खातिर 8MP के कैमरा सेंसर दिहल जाई। जवन एलईडी फ्लैश लाइट सपोर्ट के संगे आई। एमे पिक्चर परफेक्ट सेल्फ पोर्टेट मोड दिहल जाई। जदि बैटरी बैकअप के बात करीं, तs एकरा खातिर फोन में एगो 5000mAh के बैटरी दिहल जाई। संगही चार्जिंग खातिर टाइप सी चार्जिंग पोर्ट दिहल जाई। साधारण शब्दन में कहीं तs फोन में 7000 रुपिया के प्राइस प्वाइंट वाला उ सारा फीचर्स दिहल जाई, जवन आज के महंगा स्मार्टफोन में ऑफर कइल जात बा।

Infinix Smart 8 HD के फीचर्स

बता दीं कि हाले में Infinix Smart 8 HD के लॉन्च कइल गइल रहे। फोन Pill Shaped Magic Ring फीचर के संगे आई। फोन में Unisoc T606 SoC दिहल गइल बा। एमे 5,000 mAh के बैटरी दिहल गइल बा। एकर कीमत 7,990 रुपिया बा, बाकिर डिस्काउंट ऑफर के संगे फोन के 5,669 रुपये में किनल जा सकी। एमे 6.6 इंच एचडी प्लस डिस्प्ले दिहल गइल बा। फोन में 90Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.