Indigo Flight: तकनीकी खराबी के बाद दिल्ली वापस लौटल इंडिगो के फ्लाइट, थाईलैंड के फुकेत खातिर भरले रहे उड़ान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2023

दिल्ली से थाईलैंड के फुकेत खातिर उड़ान भरले के तुरंत बाद इंडिगो के एगो विमान करीब 50 मिनट के भीतरही दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर वापस लौट आइल। समाचार एजेंसी एएनआई के

Share

दिल्ली से थाईलैंड के फुकेत खातिर उड़ान भरले के तुरंत बाद इंडिगो के एगो विमान करीब 50 मिनट के भीतरही दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर वापस लौट आइल। समाचार एजेंसी एएनआई के मुताबिक Indigo 6E-1763 विमान थाईलैंड के फुकेत खातिर निर्धारित रहल अउर पायलट सुबह 6:41 बजे उड़ान भरले रहनें। लेकिन कुछुए देर बाद तकनीकी खराबी के सूचना के बाद ई दिल्ली हवाईअड्डा पर बिहाने करीब 7:31 बजे लौट आइल। सब यात्री सुरक्षित अउर स्वस्थ बानें।

हवाई अड्डे के एगो अधिकारी समाचार एजेंसी एएनआई के बतवलें कि विमान में तकनीकी खराबी के पता चलले के बाद इंडिगो पायलट एहतियाती लैंडिंग खातिर कहनें। एटीसी उतरले के अनुमति दीहलस अउर पूरा आपातकालीन लैंडिंग के घोषणा कइलें। कुछ देर बाग इंडिगो खुद एह घटना के पुष्टि कs दिहलें।

वैकल्पिक विमान के व्यवस्था

सब यात्रियन के विमान से उतार के टर्मिनल भवन में भेज दिहल गइल, जबकि अगले ऑपरेशन खातिर एगो वैकल्पिक विमान के व्यवस्था कइल गइल। फुकेत के उड़ान खातिर यात्रियन के एगो वैकल्पिक विमान उपलब्ध करावल जा रहल बा। इंडिगो एगो बयान में कहनें, यात्रियन के असुविधा खातिर हमनींके खेद बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.