Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Indigo Flight: तकनीकी खराबी के बाद दिल्ली वापस लौटल इंडिगो के फ्लाइट, थाईलैंड के फुकेत खातिर भरले रहे उड़ान

96

दिल्ली से थाईलैंड के फुकेत खातिर उड़ान भरले के तुरंत बाद इंडिगो के एगो विमान करीब 50 मिनट के भीतरही दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर वापस लौट आइल। समाचार एजेंसी एएनआई के मुताबिक Indigo 6E-1763 विमान थाईलैंड के फुकेत खातिर निर्धारित रहल अउर पायलट सुबह 6:41 बजे उड़ान भरले रहनें। लेकिन कुछुए देर बाद तकनीकी खराबी के सूचना के बाद ई दिल्ली हवाईअड्डा पर बिहाने करीब 7:31 बजे लौट आइल। सब यात्री सुरक्षित अउर स्वस्थ बानें।

हवाई अड्डे के एगो अधिकारी समाचार एजेंसी एएनआई के बतवलें कि विमान में तकनीकी खराबी के पता चलले के बाद इंडिगो पायलट एहतियाती लैंडिंग खातिर कहनें। एटीसी उतरले के अनुमति दीहलस अउर पूरा आपातकालीन लैंडिंग के घोषणा कइलें। कुछ देर बाग इंडिगो खुद एह घटना के पुष्टि कs दिहलें।

वैकल्पिक विमान के व्यवस्था

सब यात्रियन के विमान से उतार के टर्मिनल भवन में भेज दिहल गइल, जबकि अगले ऑपरेशन खातिर एगो वैकल्पिक विमान के व्यवस्था कइल गइल। फुकेत के उड़ान खातिर यात्रियन के एगो वैकल्पिक विमान उपलब्ध करावल जा रहल बा। इंडिगो एगो बयान में कहनें, यात्रियन के असुविधा खातिर हमनींके खेद बा।

429270cookie-checkIndigo Flight: तकनीकी खराबी के बाद दिल्ली वापस लौटल इंडिगो के फ्लाइट, थाईलैंड के फुकेत खातिर भरले रहे उड़ान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.