IND W vs NZ W: पहिलके मैच में 102 रन पs सिमटल  भारतीय टीम, फ्लॉप बल्लेबाजी हार के कारण

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2024

महिला टी20 विश्व कप में भारतीय महिला टीम अपना अभियान के शुरुआत जीत के संगे ना कs सकल। न्यूजीलैंड भारत के एह मैच में 58 रन से हरा देलस। हरमनप्रीत कौर के टीम एह शिकस्त

Share

भारत बनाम न्यूजीलैंड - फोटो : @BCCIWomen

महिला टी20 विश्व कप में भारतीय महिला टीम अपना अभियान के शुरुआत जीत के संगे ना कs सकल। न्यूजीलैंड भारत के एह मैच में 58 रन से हरा देलस। हरमनप्रीत कौर के टीम एह शिकस्त के संगे ग्रुपके ए अंक तालिका में चउथा पायदान पs पहुंच गइल बिया। ओहिजा, सोफी डिवाइन के टीम जीत के बाद पहिला स्थान पs पहुंच गइल। दूसरका पायदान पs पाकिस्तान के सेना बिया, जवन बियफे के श्रीलंका के खिलाफ 31 रन से जीत दर्ज कइले रहे।

102 रन पर ऑलआउट भइल टीम

दुबई अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला में न्यूजीलैंड के टीम टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला लेलस। सोफी डिवाइन के अर्धशतकीय पारी के बदौलत कीवि 20 ओवर में चार विकेट पs 160 रनन के स्कोर तइयार कइलस। जवाब में भारतीय टीम 19 ओवर में 10 विकेट पs 102 रन बना सकल। छव अक्तूबर के भारत के सामना चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान से होई।

कीवियन के फेंकन जाल में फंसल भारतीय टीम

भारत के शुरुआत एह मैच में कुछ खास ना भइल। शेफाली वर्मा के कार्सन दूसरके ओवर में आपन शिकार बनवलें। उ खाली दु रन बना सकली। कीवी गेंदबाज स्मृति मंधाना के आउट कइलें। उप-कप्तान खाली 12 रन बना सकली। एह मुकाबला में भारत के बल्लेबाजी क्रम ताश के पत्तन के तरे बिखर गइल। हरमनप्रीत 15, जेमिमा 13आ, ऋचा 12, दीप्ति 13, अरुंधति एक, पूजा आठ, श्रेयंका सात, रेणुका सिंह शून्य आ आशा शोभना छव रन बना सकली। न्यूजीलैंड खातिर रोजमैरी मायर चार, ली ताहुहु तीन, एडेन कार्सन दु आ अमेलिया कर एक विकेट चटकवलें।

सोफी डिवाइन जड़ली नाबाद पचासा

सूजी बेट्स आ जॉर्जिया प्लिमर टीम के अच्छा सुरुआत दिलवलें। दुनों के बीच पहिले विकेट खातिर 67 रन के साझेदारी भइल, जवना के अरुंधति रेड्डी तुड़लें। उ बेट्स के श्रेयंका पाटिल के हाथन कैच आउट करवली। उ दु चौकन के मदद से 27 रन बनावे में कामयाब भइली। ओहिजा, जॉर्जिया तीन चौकन आ एक छक्का के सहायता से 34 रन बनवलें। एकरा बाद अमेलिया केर आ सोफी डिवाइन मोर्चा संभारल लो। दुनों के बीच तीसरका विकेट खातिर 32 रन के साझेदारी भइल। रेणुका सिंह 15वां ओवर के दूसरका गेना पs केर के आउट कइलें। उ खाली 13 बनाके लवटली। एकरा बाद कप्तान के संगे ब्रूक हॉलीडे देली। दुनों के बीच 46 रन के साझेदारी भइल, जवना के रेणुका 19वां ओवर में तुड़ देली। ब्रूक 16 रन बनाके आउट भइली। ओहिजा, सोफी डिवाइन 57 आ मैडी ग्रीन पांच रन बनाके नाबाद रहली। भारत खतिर रेणुका दु, अरुंधति आ आशा शोभना एक-एक विकेट लिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.