Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत महिला हॉकी टीम दक्षिण कोरिया के हरा के सेमीफाइनल में

368

WOMEN’S JUNIOR HOCKEY WORLD CUP: भारत के हॉकी महिला टीम, जूनियर महिला विश्व कप के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया। आज खेलल गइल क्वार्टर फाइनल मुकाबला में टीम इंडिया दक्षिण कोरिया के एकतरफा मोकाबला में 3-0 से हरवलस। भारत टीम एह प्रतियोगिता में दूसरा बेर सेमीफाइनल में पहुंचल बिया।

साउथ अफ्रीका में खेलल जा रहल महिला जूनियर हॉकी विश्व कप (WOMEN’S JUNIOR HOCKEY WORLD CUP) में भारत के अजेय सफर जारी बा। 8 अप्रिल के खेलल गइल क्वार्टर फाइनल में टीम इंडिया दक्षिण कोरिया के खिलाफ ताबड़तोड़ हॉकी टीम एह मुकाबला में अपना प्रतिद्वंदी पs एकतरफा जीत दरज करत 3-0 से रौंद देलस। भारत एफआईएच जूनियर महिला विश्व कप में दुसरा बेर सेमीफाइनल में पहुंचल बा।

भारत अपना ग्रुप के सभे मैच जीतके टॉप पs रहल। दक्षिण कोरिया के खिलाफ सेमीफाइनल में भारत लईकियन के दमदार प्रदर्शन करत विपक्षी टीम के 3-0 से हरवलस।

एह खिलाड़ियन के रहल यादगार प्रदर्शन 

भारतीय टीम क्वार्टर फाइनल मुकाबला में जबरदस्त हॉकी खेलल। भारत कावर से मुमताज खान 11वां मिनट में गोल दगली। लालरिंडकी 15वां मिनट में गोल कs के टीम के मजबूत बढ़त बढ़वली। 41वां मिनट में संगीता कुमारी गोल कs के दक्षिण कोरिया के उमेदन पs पानी फेर देली। एह दौरान कोरिया की आक्रमण बेअसर साबित भइल। टीम के खेलाड़ी पूरा मैच के दौरान भारत के खिलाफ गोल ला जूझत रहल लो।

जूनियर विश्व कप में भारत के प्रदर्शन

भारत के महिला टीम के जूनियर विश्व कप में सबसे उम्दा प्रदर्शन 2013 में रहल रहे। जर्मनी में खेलल गइल एह विश्व कप में टीम इंडिया कांस्य पदक जीतले रहे। कांस्य पदक के ओह मैच में भारत शूटआउट में इंग्लैंड के 3-2 से हरवले रहे। एकरा पहिले तय समय में मैच 1-1 से बराबर रहल रहे।

239460cookie-checkभारत महिला हॉकी टीम दक्षिण कोरिया के हरा के सेमीफाइनल में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.