Asia Cup 2024: एशिया कप में हिस्सा लेवे श्रीलंका पहुंचल भारतीय महिला टीम,एs तारीख के होई पहिला

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 17, 2024

  भारतीय महिला टीम टी-20 एशिया कप 2024 : महिला टी-20 एशिया कप 2024 श्रीलंका के धरती पs होखे वाला बा। एशिया कप खातिर भारतीय महिला टीम के घोषणा पहिलही हो चुकल रहे। टीम के

Share

 

भारतीय महिला टीम टी-20 एशिया कप 2024 : महिला टी-20 एशिया कप 2024 श्रीलंका के धरती पs होखे वाला बा। एशिया कप खातिर भारतीय महिला टीम के घोषणा पहिलही हो चुकल रहे। टीम के कमान हरमनप्रीत कौर के हाथ में बा। स्मृति मंधाना के वाइस कप्तान के जिम्मेदारी मिल गइल बा. भारतीय टीम 19 जुलाई के पड़ोसी देश पाकिस्तान के खिलाफ आपन पहिला मैच खेली. अब एकरा से पहिले भी भारतीय महिला टीम श्रीलंका पहुंच गईल बिया अवुरी ओकर तस्वीर सामने आईल बा।

भारतीय महिला टीम श्रीलंका पहुंचल

भारतीय महिला क्रिकेट टीम 19 जुलाई से होखे वाला एशिया कप टी-20 क्रिकेट टूर्नामेंट में खेले खातिर दाम्बुला चहुँप गइल बिया. श्रीलंका क्रिकेट भारत आ बांग्लादेश के टीमन के आवे के तस्वीर सोशल मीडिया पs शेयर कइले बिया. एहमें कैप्टन हरमनप्रीत कौर, श्रेयंका पाटिल आ जेमिमा रोड्रिगेज एयरपोर्ट से निकलत लउकत बाड़ी.

ग्रुप-ए में शामिल भारतीय महिला टीम

सभे 8 टीम के 4-4 के दु ग्रुप में बांटल गईल बा। एहमें भारतीय महिला टीम के ग्रुप-ए में शामिल कइल गइल बा. भारत के अलावा एह समूह में पाकिस्तान, संयुक्त अरब अमीरात आ नेपाल शामिल बा। जबकि ग्रुप-बी में बांग्लादेश, श्रीलंका, मलेशिया आ थाईलैंड के टीम शामिल बाड़ी सँ. एह टूर्नामेंट में कुल 15 गो मैच होखी जवना में दू गो सेमीफाइनल आ एगो फाइनल शामिल बा. फाइनल मैच 28 जुलाई के खेलल जाई.

महिला टी20 एशिया कप खातिर भारतीय टीम 

हरमनप्रीत कौर (कप्तान), स्मृति मंधाना (उपकप्तान), शेफाली वर्मा, दीप्ति शर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स, ऋचा घोष (विकेटकीपर), उमा छेत्री (विकेटकीपर), पूजा वस्त्रकार, अरुंधति रेड्डी, रेणुका सिंह ठाकुर, दयालन हेमलता, आशा शोभना, राधा यादव, श्रेयंका पाटिल आ सजना सजीवन।

रिजर्व: श्वेता सहरावत, साइका इशाक, तनुजा कंवर आ मेघना सिंह।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.