Asian Champions Trophy: भारतीय महिला हॉकी टीम फाइनल में जापान के हरवलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2023

  भारतीय महिला हॉकी टीम अतवार के दिने एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी के खिताब जीत लिहलस। भारतीय महिला टीम फाइनल मैच में जापान के 4-0 से हरा के स्वर्ण पदक जीत लिहलस। भारत दुसरका बेर

Share

 

भारतीय महिला हॉकी टीम अतवार के दिने एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी के खिताब जीत लिहलस। भारतीय महिला टीम फाइनल मैच में जापान के 4-0 से हरा के स्वर्ण पदक जीत लिहलस। भारत दुसरका बेर ई खिताब जीतले बा। एकरा से पहिले शनिचर के दिने देश के बेटी एशियाई खेलन के रजत पदक विजेता दक्षिण कोरिया के 2-0 से हरा के महिला एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट के फाइनल में प्रवेश कs लिहली।

अब पढ़ीं मैच के खास बात

भारत खातिर संगीता कुमारी (17वां मिनट), नेहा (46वां मिनट), लालरेमसिआमी (57वां मिनट) आ वंदना कटारिया (60वां मिनट) गोल कइली। कृत्रिम रोशनी के चलते मैच 50 मिनट देरी से शुरू भईल। शुरुआती क्वार्टर में भारत गेंद पs कब्जा बनवले रखलस। जापान भी बहुत कोशिश करत रहे लेकिन भारतीय गोलकीपर सविता पुनिया जापान के कोशिश के नाकाम कs देली। पहिला हाफ के अंत तक जापान के कई गो पेनल्टी विफल हो गईल रहे लेकिन टीम के संगे सविता सभ पेनल्टी में फेल हो गईली अवुरी गोल के गोल होखे से बचा लिहली। तीसरा क्वार्टर में भारत दुसरका गोल कइलस। एकरा बाद आखिरी पल में लालरेम्सियामी आ वंदना कटारिया दू गो अउरी गोल कइलन जवना से भारत के जीत सुनिश्चित हो गइल।

बता दीं कि भारत एकरा से पहिले 2016 में सिंगापुर में आपन पहिला एशियन चैंपियंस ट्रॉफी खिताब जीत चुकल रहे। जबकि जापान 2013 आ 2021 के विजेता बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.