Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Train के चादर तक नइखे छोड़ रहल यात्री लोग, हजारन बेड शीट चोरी, परेसान Railway उठवलस बड़ डेग

Gorakhpur News: पूर्वोत्तर रेलवे ट्रेनन में इस्तेमाल होखे वाला चादरन के चोरी होखे आ समय से पहिले खराब होखे के लेके खासा परेसान बा। सीपीआरओ के मोताबिक पिछला 3 महीना में 5000 चादर चोरी भइल बा। ओहिजा 15000 हजार के कंडम घोषित कइल गइल बा।

299

गोरखपुर: रेलवे अपना यात्रियन के सुविधन के धेयान में रखत समय-समय पs कइयन गो योजना ले आवत लाती रहेले। एही कड़ी में ट्रेन के एसी कोचन में इस्तेमाल कइल जाये वाला बेड रोलो सामिल बा। बेड रोल के संगे चादरो दिहल जाला। एकरा चोरी होखे आ समय से पहिले कंडम घोषित कइल जाये के लेके रेलवे प्रबंधन खासा परेसान बा। एकरा के लेके सीपीआरओ यात्रियन से अपील कइले बाड़ें।

पूर्वोत्तर रेलवे एह दिनन एगो अलग समस्या के लेके चिंतित बा। जवना के जानके रउओ हैरान हो जायेमे। जी हs पूर्वोत्तर रेलवे मुख्यालय से बन के चले वाला एक्सप्रेस ट्रेनन में चोरी के एगो अजब गजब ममिला सामने आइल बा। जहां ट्रेनन के एसी कोच में यात्रियन के बेड रोल इस्तेमाल खातिर दिहल जाला, बेडरोल में चादरो होला।

रेलवे के लाग रहल बा चूना

एह चादरन के लगातार हो रहल चोरी आ यात्रियन के एकर गलत इस्तेमाल से पूर्वोत्तर रेलवे के खासा चूना लाग रहल बा। सीपीआरओ के मानल जाव तs पिछला 3 महीनन में कुल 5000 चादर चोरी भइल तs ओहिजा 5000 चादरन के कंडम घोषित करत नष्ट कs दिहल गइल।

काहे कंडम घोषित होली सs चादर?

सीपीआरओ कहलें कि कइयन बेर देखल गइल बा कि यात्रा के दौरान यात्री चादरन पs खाना खात घरी जूठन गिरा देला लो, जवना से उनका पs दाग धब्बा लाग जाला जवना के लाख कोसिसन के बादो साफ ना कइल जा सकेला। एतनही ना ट्रेन से उतरत घरी कुछ यात्री आपन जूता तक एह चादरन से पोछ लेला लो जवना से चादर खराब हो जाला। जवना के वजह से रेलवे के एकनी के कंडम घोषित करे के पड़ेला।

जूता तक साफ कs लेला लो यात्री

सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह के कहनम बा कि हमनी लगातार यात्रियन के शिकायतन पs मॉनिटरिंग कs के ओकर निस्तारण करेनी सs। बेडरोल में इस्तेमाल कइल जाये वाला चादर गुणवत्ता के संगे जवन उच्च कोटि के होला, जवन यात्रियन द्वारा कइयन बेर खराब कs दिहल जाला। जइसे कुछ तs एहपर जूठन गिरा  देला लो भा कुछ बेर तs अइसनो पावल गइल बा कि लोग ओसे आपन जूता तक साफ कs लेला।

3 महीना में हजारन चादर चोरी

कुछ चादर चोरियो हो जाला, पिछला 3 महीना में कुल 5000 चादर चोरी भइल बा तs ओहिजा 15000 चादर दाग धब्बन के कारण खराब हो चुकल बा, एमे से कुछ आउटडेटटेडो हो चुकल बा जवना के कंडम घोषित कs के नष्ट कs दिहल जाला। रेलवे के तरफ से यात्रियन से अपील कइल गइल बा कि रउआ सभे के शिकायत पs ओकर निस्तारण आ गुणवत्ता में सुधार कइल हमनी के प्राथमिकता बा। रउओ सभे हमनी के सहजोग करीं, जवना से रेल परिवार अपना यात्रियन के अच्छा आ गुणवत्ता युक्त सुविधा प्रदान कs सके।

613110cookie-checkTrain के चादर तक नइखे छोड़ रहल यात्री लोग, हजारन बेड शीट चोरी, परेसान Railway उठवलस बड़ डेग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.