यमन में भारतीय नर्स के मिलल मउत के सजा, भारत के विदेश मंत्रालय का कहलस?

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 31, 2024

भारत के बारे में हैरानी के खबर यमन से आ रहल बा, जवन देश बहुत दिन से गृहयुद्ध के चपेट में बा। यमन में एगो भारतीय नर्स के फांसी के सजा सुनावल गइल बा. एगो

Share

भारतीय नर्स के यमन में मउत के सजा

भारत के बारे में हैरानी के खबर यमन से आ रहल बा, जवन देश बहुत दिन से गृहयुद्ध के चपेट में बा। यमन में एगो भारतीय नर्स के फांसी के सजा सुनावल गइल बा. एगो यमन के नागरिक के हत्या के आरोप में भारतीय नर्स निमिषा प्रिया के फांसी के सजा सुनावल गइल बा. अब भारत सरकार के विदेश मंत्रालय भी एs मामला में आपन बयान जारी कs देले बा। बता दी कि विदेश मंत्रालय एह मुद्दा पs का कहले बा.

विदेश मंत्रालय का कहलस?

भारत के विदेश मंत्रालय मंगल के दिने एह पूरा मामिला पs आपन रुख रखलस आ कहलस कि नर्स के हर संभव मदद दिहल जाव. विदेश मंत्रालय कहले बा कि यमन में फांसी के सजा के सामना करे वाली भारतीय नर्स के मामला में जरूरी विकल्प खोजे खातिर हर संभव मदद दे रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.