भारतीय हॉकी टीम ग्रेट ब्रिटेन के हराके कइलस कमाल, सेमीफाइनल में मरलस धमाकेदार एंट्री

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

  एह शूटआउट में भारतीय हॉकी टीम इंग्लैंड के 4-2 से हरा दिहले बिया. फुल टाइम ले दुनु स्कोर 1-1 के बराबर रहे। बाकिर शूटआउट में पीआर श्रीजेश के बल पs भारत सेमीफाइनल में प्रवेश

Share

 

एह शूटआउट में भारतीय हॉकी टीम इंग्लैंड के 4-2 से हरा दिहले बिया. फुल टाइम ले दुनु स्कोर 1-1 के बराबर रहे। बाकिर शूटआउट में पीआर श्रीजेश के बल पs भारत सेमीफाइनल में प्रवेश कs लिहले बा.  पहिला क्वार्टर में दुनु टीम शानदार प्रदर्शन कइलस आ गोल करे के बहुते कोशिश कइलस. बाकिर दुनु टीम से केहू के सफलता ना मिलल. पहिला क्वार्टर में पीआर श्रीजेश ग्रेट ब्रिटेन के कई गो बेहतरीन गोल के बचा लिहलन. भारत के पेनाल्टी कॉर्नर भी मिलल बाकिर भारतीय टीम गोल ना कs पवलस। एह तरह से पहिला क्वार्टर गोल रहित रहल.

दुसरका क्वार्टर में भारतीय हॉकी टीम आक्रामक खेल कइलस आ गोल करे के बहुते मौका पैदा कइलस. एही क्वार्टर में भारतीय खिलाड़ी अमित रोहिदास के लाल कार्ड देखावल गइल. एकरा बाद भारतीय टीम 10 गो खिलाड़ियन के साथे बाकी मैच खेललस। भारतीय टीम खातिर कप्तान हरमनप्रीत सिंह के मजबूत प्रदर्शन एह मैच में भी जारी रहल। ऊ 22वां मिनट में गोल कs दिहलन. बाकिर एकरा बाद ग्रेट ब्रिटेन के ली मोर्टन एगो गोल कs दिहलन. एकरा बदौलत एह मैच में ब्रिटेन 1-1 से बराबरी पs आ गइल.

भारत दस गो खिलाड़ियन के साथे खेलत रहुवे एहसे लागत रहुवे कि ग्रेट ब्रिटेन के टीम आसानी से मैच जीत लिहलस. बाकिर पीआर श्रीजेश कवनो गोल ना होखे दिहलन.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.