Forex Reserves: फॉरेक्स रिजर्व 9 महीनन के उच्चत्म स्तर पs पहुंचल, 1.65 अरब डॉलर बढ़के 586.41 अरब डॉलर भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2023

रिजर्व बैंक के आंकड़न के मुताबिक समीक्षाधीन सप्ताह में आईएमएफ में देस के मुद्रा भंडार 1.2 करोड़ डॉलर बढ़के 5.19 अरब डॉलर हो गइल। बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में सुक के डॉलर के मुकाबला रुपिया

Share

रिजर्व बैंक के आंकड़न के मुताबिक समीक्षाधीन सप्ताह में आईएमएफ में देस के मुद्रा भंडार 1.2 करोड़ डॉलर बढ़के 5.19 अरब डॉलर हो गइल। बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में सुक के डॉलर के मुकाबला रुपिया में बढ़त देखे के मिलल।

भारतीय रिजर्व बैंक के लगे उपलब्ध आंकड़न के अनुसार देस के बिदेसी मुद्रा भंडार 1.657 अरब डॉलर बढ़के 586.412 अरब डॉलर हो गइल। देस के बिदेसी मुद्रा भंडार में लगातार दूसरका हफ्ता बढ़न्ती भइल। पिछला नौ महीना से बेसी समय में अइसान पहिला बेर भइल। पिछला हफ्ता देस के बिदेसी मुद्रा भंडार 6.306 अरब डॉलर बढ़के 584.755 अरब डॉलर हो गइल रहे।

डॉलर के संदर्भ में बिदेसी मुद्रा परिसंपत्तियन में बिदेसी मुद्रा भंडार में रखल यूरो, पाउंड आ येन जइसन गैर-अमेरिकी इकाइयन के मूल्य में बढ़न्ती भा गिरावट के प्रभाव सामिल रहे। भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) के सुक के सांझ के जारी साप्ताहिक सांख्यिकीय पूरक के मोताबिक, देस के स्वर्ण भंडार 52.1 करोड़ डॉलर घटके 46.125 अरब डॉलर रह गइल। विशेष आहरण अधिकार (एसडीआर) 3.8 करोड़ डॉलर घटके 18.412 अरब डॉलर रह गइल।

बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में डॉलर के मुकाबले मजबूत भइल रुपिया 

रिजर्व बैंक के आंकड़न के मोताबिक समीक्षाधीन हफ्ता में आईएमएफ में देस के मुद्रा भंडार 1.2 करोड़ डॉलर बढ़के 5.19 अरब डॉलर हो गइल। बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में सुक के डॉलर के मुकाबला रुपिया में बढ़त देखे के मिली। आंशिक रूप से परिवर्तनीय रुपिया 82.0950 के स्तर पs कारोबार करत 82.1750 पs बंद भइल रहे। अमेरिकी डॉलर सूचकांक (डीएक्सवाई), जवन मुद्रा के एगो टोकरी के मुकाबले ग्रीनबैक के मूल्य के ट्रैक करत बा आ 0.03% बढ़के 101.88 पs पहुंच गइल।

भारतीय रिजर्व बैंक के मोताबिक मांग में लचीलापन बरकरार

रिजर्व बैंक अपना मासिक बुलेटिन में कहलस कि वैश्विक आर्थिक इस्थिति अनिश्चिततन से घिरल बा एसे बाजार अस्थिर बना बा। एमे कहल गइल बा कि देस में कुल मांग के इस्थिति लचीली बनल बा, सेवा के मांग में सुधार से मांग के सपोर्ट मिलल बा। रबी के बंपर फसल के उम्मीद बा। बुनियादी ढांचा पs राजकोषीय जोर आ चुनिंदा क्षेत्रन में कॉर्पोरेट निवेश में सुधार अर्थव्यवस्था खातिर निमन संकेत बा। हेडलाइन उपभोक्ता मूल्य सूचकांक आधारित (सीपीआई) मुद्रास्फीति धीरे-धीरे अप्रिल 2022 में 7.8 प्रतिशत के अपना शिखर से घटके मार्च 2023 में 5.7 प्रतिशत हो गइल रहे आ वित्तीय बरिस 2023-24 के चउथा तिमाही में एकरा आ कम होके 5.2 प्रतिशत रहे के अनुमान बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.