77 वां कांस में भारत के सिनेमैटोग्राफर संतोष सिवन के सम्मान

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2024

  77वां कांस फिल्म महोत्सव 25 मई के समाप्त हो गइल बा. अबकी बेर एक तरफ 4 गो भारतीय फिल्मकारन के पुरस्कार मिलल तs दोसरा तरफ भारत के विश्व प्रसिद्ध सिनेमैटोग्राफर संतोष सिवान के कांस

Share

 

77वां कांस फिल्म महोत्सव 25 मई के समाप्त हो गइल बा. अबकी बेर एक तरफ 4 गो भारतीय फिल्मकारन के पुरस्कार मिलल तs दोसरा तरफ भारत के विश्व प्रसिद्ध सिनेमैटोग्राफर संतोष सिवान के कांस 2024 के प्रतिष्ठित ‘पियरे एंजेन्यूक्स एक्सिलेंस इन सिनेमैटोग्राफी’ अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा.

एकरा साथे साथ इस्टोनिया के युवा सिनेमाटोग्राफर कादरी कूप के विशेष प्रोत्साहन पुरस्कार दिहल गइल.

एंजेन्यूक्स एह पुरस्कार के सुरुआत साल 2013 में कइले रहुवे.फिल्मन के शूटिंग खातिर कैमरा आ आधुनिक कैमरा लेंस बनावे वाली कंपनी ‘एंजेन्यूएक्स’ कान फिल्म फेस्टिवल के आधिकारिक साझेदार हs.एंजेनक्स कंपनी सबसे पहिले एसएलआर (सिंगल लेंस रिफ्लेक्स) कैमरा अवुरी जूम लेंस के आविष्कार कईले रहे।

एतने ना, उहे कंपनी के कैमरा पहिला बेर 31 जुलाई 1964 के नासा के रेंजर 7 मून मिशन में चंद्रमा के सतह के क्लोज-अप अवुरी क्लोज-अप तस्वीर भेजले रहे। ई कंपनी कान फिलिम फेस्टिवल के सहयोग से 2013 में छायांकन के क्षेत्र में लाइफ टाइम अचीवमेंट एंड एनकरेजमेंट अवार्ड सुरू कइलस जवन अब ले जारी बा।

संतोष खातिर आयोजित समारोहपूर्वक रात्रिभोज : अबकी बेर ई सम्मान भारतीय सिनेमाटोग्राफर संतोष सिवान के दिहल गइल. एह मौका पs मैजेस्टिक होटल में संतोष के मास्टर क्लास आ भव्य सेरेमोनियल डिनर के आयोजन भइल.

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.