कोरोना के चपेट में आइल इंग्लैंड के महिला टीम, रद्द भइल भारत के दौरा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2022

अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ (IHF) के घोषणा के बाद हॉकी इंडिया (HI) पुष्टि कइले बा कि इंग्लैंड के महिला टीम के कइयन गो सदस्य के कोरोना पाॅजिटिव अइला के कारण 2 आ 3 अप्रिल के डबल-हेडर

Share

अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ (IHF) के घोषणा के बाद हॉकी इंडिया (HI) पुष्टि कइले बा कि इंग्लैंड के महिला टीम के कइयन गो सदस्य के कोरोना पाॅजिटिव अइला के कारण 2 आ 3 अप्रिल के डबल-हेडर FIH प्रो लीग मैचन ला भारत के दाैरा रद्द करे के पड़ल बा। टीम के कुछ खिलाड़ी कोरोना पाॅजिटिव इल बा लो, जबकि कुछ टीम से चोट के कारण बहरी बा लो। ओहिजा, भारत आ इंग्लैंड के पुरुष टीमन के बीचे मैच तय कार्यक्रम के अनुसार खेलल जाई।

मैदान पर उतरे आला दुनो विश्व स्तरीय टीमन के बहुते  उम्मीद रहे काहेकि दुनिया भर के हॉकी प्रशंसक भारतीय महिला टीम आ इंग्लैंड के एक-दूसरा से भिड़ते देखे ला उत्सुक रहे लो। भारत-इंग्लैंड महिला मैचन  के रद्द होखला पs टिप्पणी करत हॉकी इंडिया के अध्यक्ष ज्ञानेंद्रो निंगोमबम कहले, “ई दुर्भाग्यपूर्ण बा कि इंग्लैंड के महिला हॉकी टीम के भुवनेश्वर में हफ्ता के अंत में मैचन ला आपन भारत दाैरा रद्द करे के पड़ल बा। हम समझत बानी कि ई हर टीम ला चुनौतीपूर्ण समे बा काहेकि हमनी सभे महामारी से जूझ रहल बानी सs। “

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.