Gorakhpur News: तालाब में नहा रहल तीन गो दोस्त डूबले, एगो के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2024

  चिलुआताल इलाका के एगो पोखरा में नहात तीन गो दोस्त अचानक गहिरा पानी में जाके डूबे लगले। बहुत गहिराह पानी में जाए के चलते एक के मउत हो गईल। बाकी दु युवक के स्थानीय

Share

 

चिलुआताल इलाका के एगो पोखरा में नहात तीन गो दोस्त अचानक गहिरा पानी में जाके डूबे लगले। बहुत गहिराह पानी में जाए के चलते एक के मउत हो गईल। बाकी दु युवक के स्थानीय लोग पानी से निकाल देले।

कोतवाली इलाका के इस्माइलपुर निवासी निखिल शुक के सांझ के अपना दोस्त बादल अवुरी आशीष पाल के संगे चिलुआताल में रहेवाली बहिन के घरे गईल रहले।

शनिचर के सबेरे तीनों बहिन के घर के बगल के पोखरा में नहाए गईले। एही दौरान मियां बाजार निवासी आशीष पाल के तालाब में डूब के मउत हो गईल। घटना के जानकारी मिलला पs पुलिस टीम पहुंचल अवुरी युवक के परिवार के लोग के फोन कईलस।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.