Deoria News: रात एक बजे दीवार गिरला से पति पत्नी के मौत, हादसा में भइल शार्ट शर्किट से रिश्तेदार झुलसल लो

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

देवरिया के नगर पालिका परिषद क्षेत्र के पूर्वा मोहल्ला में बुध के रात एक बजे घर के देवाल गिरला से पति पत्नी के मौत हो गइल। जबकि ओहि दौरान शार्ट सर्किट से उनकर रिश्तेदार दंपत्ति

Share

देवरिया के नगर पालिका परिषद क्षेत्र के पूर्वा मोहल्ला में बुध के रात एक बजे घर के देवाल गिरला से पति पत्नी के मौत हो गइल। जबकि ओहि दौरान शार्ट सर्किट से उनकर रिश्तेदार दंपत्ति झुलस गइल लो। रात में देवाल गिरला पs पड़ोसी घायलन के जिला अस्पताल पहुंचावल लो तs डॉक्टर जितेंद्र (25) आ उनकर पत्नी बब्बी (22) के मृत घोषित कs देलस। घर आइल पत्नी बब्बी के भाई चंदन आ पत्नी चंद्रकला के ऊपर शार्ट शर्किट कs के टीवी गिर गइल आ ऊ झुलस गइल लो।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज गोरखपुर में ओह लोगन के इलाज चल रहल बा। एह घटना में जितेंद्र के 12 बरिस के भांजी के हलुका चोट आइल बा। ऊ बतवलें कि हादसा भइल तs कमरा में धुआं भर गइल बा।

एसपी संकल्प शर्मा बतवलें कि दुनो मृतकन के शवन के पोस्टमार्टम करावल जा रहल बा। दीवार करीब 30 साल पुरान रहे, जवन चार इंच चौड़ा रहे। घायलन के इलाज खातिर भेजल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.