अमेरिका में बेरिल तूफान मचवलस तबाही, 4 लोग के भइल मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2024

    अमेरिका के टेक्सास राज्य में ‘बेरिल’ तूफान से तबाही मच गइल बा. शक्तिशाली तूफान ‘बेरिल’ के चलते बाढ़ के स्थिति पैदा हो गईल बा। आंधी के चलते कम से कम चार लोग के

Share

 

 

अमेरिका के टेक्सास राज्य में ‘बेरिल’ तूफान से तबाही मच गइल बा. शक्तिशाली तूफान ‘बेरिल’ के चलते बाढ़ के स्थिति पैदा हो गईल बा। आंधी के चलते कम से कम चार लोग के मउत हो चुकल बा। तूफान केतना भयावह बा एकर अंदाजा एह बात से लगावल जा सकेला कि करीब तीस लाख घर आ व्यावसायिक प्रतिष्ठानन के बिजली के नुकसान हो गइल बा. राष्ट्रीय तूफान केंद्र सोमार के साँझ कहलस कि बेरिल माटागोर्डा के लगे कैटेगरी वन तूफान के रूप में जमीन पs उतरल रहुवे जवना चलते स्कूल, वाणिज्यिक प्रतिष्ठान, कार्यालय आ वित्तीय संस्थान बंद कs दिहल गइल बा.

तूफान से अराजकता पैदा हो गईल

नेशनल हरिकेन सेंटर के कहना बा कि पूर्वी टेक्सास, पश्चिमी लुइसियाना आ अरकांसस के कुछ हिस्सा में बाढ़, बरखा आ भयंकर गरज के संभावना बा. ओने घर पर पेड़ गिरला से दू लोग के मौत हो गइल आ ह्यूस्टन पुलिस विभाग के एगो कर्मचारी बाढ़ के पानी में फंसला के बाद आपन जान गँवा दिहलस. आग लगला के घटना में एगो अवुरी आदमी के मउत होखे के खबर बा।

तूफान बेरिल इहाँ भी तबाही मच गईल

पिछला हफ्ता जमैका, ग्रेनेडा, सेंट विंसेंट आ ग्रेनेडाइंस में बेरिल तूफान से भारी तबाही भइल रहे जहाँ नाहियो तs बारह लोग के मउत हो गइल रहे. फिलहाल ई तूफान ह्यूस्टन से लगभग 70 मील दक्खिन-पच्छिम में 12 मील प्रति घंटा के रफ्तार से उत्तर-पूर्व के ओर बढ़ रहल बा। बुध के दिने ई तूफान लोअर मिसिसिपी घाटी आ ओकरा बाद ओहियो घाटी का ओर बढ़े के उमेद बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.