Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कानपुर हिंसा: 42 गवाह देखले पथराव आ बमबाजी, एसआईटी कर रहल बिया बड़ कार्रवाई कर तइयारी

नूपुर शर्मा के बयान पs कानपुर में जुमा के नमाज के बाद भइल हिंसा में एसआईटी बड़ कार्रवाई के तइयारी कs लेले बिया। 62 लोग के गवाही हो चुकल बा। 42 अइसन गवाह बा जे पथराव आ बमबाजी के देखले बा।

342

एसआईटी के अबतक के काटल परचन में 42 अइसन गवाहन के शामिल कइल गइल बा जेकरा सोझा पथराव आ बमबाजी भइल रहे। ओही लो के बयान में एसआईटी इहो शामिल कइले बिया कि घटना के बेरा कइसे इलाकाई लोग दहशत में आके एने ओने भागे पs मजबूर हो गइल रहे। 15 अइसन गवाह शामिल कइल गइल बा जेकरा सोझा फायरिंग भइल रहे। अब तक के विवेचना में पांच पुलिस कर्मियन के शामिल कइल गइल बा। ऊ लोग बतावल कि घटना के शुरुआत कइसे भइल। कइसे भीड़ के शक्ल जुलूस ले लेलस आ फेर पथराव शुरू हो गइल।

276620cookie-checkकानपुर हिंसा: 42 गवाह देखले पथराव आ बमबाजी, एसआईटी कर रहल बिया बड़ कार्रवाई कर तइयारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.