उमस भरल मौसम में ऑयली हो जाला स्किन? घर पs आसानी से बनाईं नेचुरल मॉइश्चराइजर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 15, 2024

  का रउरो स्किन ऑयली हs? अगर हां, तs आपके केमिकल बेस्ड महंगा-महंगा ब्यूटी प्रोडक्ट्स पs प‌इसा खर्च क‌इले के जगह दादी-नानी के नुस्खा के इस्तेमाल क‌s के देखे के चाही। यकीन मानी पुरान जमाना

Share

 

का रउरो स्किन ऑयली हs? अगर हां, तs आपके केमिकल बेस्ड महंगा-महंगा ब्यूटी प्रोडक्ट्स पs प‌इसा खर्च क‌इले के जगह दादी-नानी के नुस्खा के इस्तेमाल क‌s के देखे के चाही। यकीन मानी पुरान जमाना से यूज क‌इल जाए वाला कुछ नेचुरल उपाय राउर स्किन खातिर वरदान साबित हो सकेला । आई घर पs ऑयली स्किन खातिर नेचुरल मॉइश्चराइजर के बन‌वले के तरीका के बारे में जानीं। एs केमिकल फ्री मॉइश्चराइजर के बनावल काफी आसान हs।

महज दू चीजन के पड़ीं जरूरत

घरे पs मॉइश्चराइजर बनावे खातिर आपके एलोवेरा आ बादाम के तेल के जरूरत पड़ीं। एलोवेरा जेल आ बादाम के तेल से बनल मॉइश्चराइजर के आप स्किन केयर रूटीन में शामिल क‌s के आप ऑयली स्किन से काफी हद ले छुटकारा पा सकेनी । एकरे अलावा एs मॉइश्चराइजर के मदद से आप स्किन से जुड़ल दूसर समस्या के दूर क‌s सकेनी।

घरे पs क‌इसे बनाईं मॉइश्चराइजर?

मॉइश्चराइजर बन‌वले खातिर सबसे पहिले एक कप में एलोवेरा जेल निकाल ले‌ईं। अब बराबर मात्रा में बादाम के तेल निकाल लेईं। अब आपके एलोवेरा जेल आ बादाम के तेल के मिक्सी में अच्छा तरह से मिक्स क‌s ली। आपके नेचुरल मॉइश्चराइजर बन के तैयार हो गइल। आप एs मॉइश्चराइजर के एयर टाइट कंटेनर में स्टोर क‌s के रख सकेनी। रोज एs मॉइश्चराइजर के यूज करीं आ ऑयली स्किन से छुटकारा पाईं।

इम्प्रूव करीं स्किन हेल्थ

एलोवेरा आ बादाम के तेल में पाए जाए वाला तमाम तत्व आपके स्किन खातिर काफी ज्यादा फायदेमंद साबित हो सकेला । घर पs बनावल ग‌इल एs नेचुरल मॉइश्चराइजर के मदद से ना केवल आपके स्किन हेल्थ इम्प्रूव हो‌ई बल्कि आप स्किन से जुड़ल तमाम समस्या के अलविदा कह पा‌एब। एलोवेरा आ बादाम के तेल से बनल एs मॉइश्चराइजर के इस्तेमाल क‌s के आपके जिद्दी पिंपल्स से काफी हद ले छुटकारा मिल सकेला ।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.