रेलवे के संगे मिलके करीं कमाई, हर महीना बचा सकेम 80 हजार रुपिया, नौकरी के टेंशन हो जाई दूर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2023

IRCTC Agent: घर बइठले कवनो अइसन काम करे के मंशा बा, जेमे रेलवे जइसन सरकारी कंपनी के गारंटी आ हजारन के कमाई होखे तs आइडिया हमनी के बतावत बानी सs। भारतीय रेलवे खानपान आ पर्यटन

Share

IRCTC Agent: घर बइठले कवनो अइसन काम करे के मंशा बा, जेमे रेलवे जइसन सरकारी कंपनी के गारंटी आ हजारन के कमाई होखे तs आइडिया हमनी के बतावत बानी सs। भारतीय रेलवे खानपान आ पर्यटन निगम (IRCTC) के संगे मिलके रउआ आपपन ई मंशा आसानी से पूरा कs सकत बानी। काम  राउर मन के आ जगहो राउरे। चाहीं तs कवनो दुकान पs बइठके कs सकत बानी बा फेर अपना घर से। बस रउआ आईआरसीटीसी के एजेंट (IRCTC Agent) बने के होई आ टिकट बुकिंग पs मार्जिन के रूप में अचछा-खासा कमाई हो जाई। रउआ कवनो यात्री के वेटिंग टिकट बनाई भा कन्‍फर्म राउर मुनाफा तs ‍पक्का बा।

बता दीं कि भारतीय रेलवे के सहजोगी कंपनी IRCTC के रेलवे टिकट बनावे खातिर एजेंट बने के होला, माने की राउर पॉजिशन रेल ट्रैवल सर्विस एजेंट के होई। एकरा खातिर रउआ कहीं गइला के जरूरत नइखे। एकरा खतिर रउआ बस एतने करे के होई कि टिकट एजेंट बने के होई। जवना तरे रेलवे काउंटरन पs क्लर्क टिकट काटेला लो, ओहि तरे रउओ यात्रियन के टिकट काट के देवे के होई। एमे टिकट काटला पs एजेंट के कमीशन मिलेला। एकरा माध्यम से रउआ एजेंट ई-टिकट बुक कs सकत बानी।

कमीशन के तौर पs होला कमाई

एजेंट के एगो नॉन एसी कोच के टिकट बुक करे पs 20 रुपिया प्रति टिकट आ एसी क्लास के टिकट बुक कइला पs 40 रुपिया प्रति टिकट के कमीशन मिलेला। एकरा अलावे टिकट के कीमत के एक फीसदी के एजेंट के दिहल जाला। IRCTC के एजेंट बने के एगो आउर सबसे बड़ फायदा ई बा कि एमें टिकट बुक करे के कवनो लिमिट नइखे। महीना में रउआ चाहे जेतना मर्जी ओतना टिकट बुक कs सकत बानी। एकरा अलावे 15 मिनट में तत्काल टिकट बुक करे के विकल्पो मिलत बा। एगो एजेंट के तौर पs रउआ ट्रेन के अलावे घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय हवाई टिकटो बुक कs सकत बानी।

बचा सकत बानी 80,000 रुपिया तक

अइसे तs राउर कमाई रउआ द्वारा बुक कइल गइल टिकट के हिसाब से होला। एहिसे एक महीना में जेतना टिकट बुक कs सकत बानी, ओकर कवनो सीमा नइखे। जदि महीना में निमन बुकिंग मिल जाव तs एगो एजेंट हर महीना 80,000 रुपिया तक के रेगुलर इनकम हासिल कs सकत बा। जदि काम कम भइल भा मंदा रहल तबो औसतन 40-50 हजार रुपिया के कमाई कइल जा सकत बा। जदि एक साल खातिर एजेंट बनल चाहत बानी तs IRCTC के 3,999 रुपिया के फीस भरे के होई, जबकि दु साल खातिर ई चार्ज 6,999 रुपिया बा। ओहिजा, एगो एजेंट के तौर पs एक महीना में 100 टिकट बुक कइला पs प्रति टिकट 10 रुपिया के फीस देवे के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.