Honor 90: प्रीमियम डिजाइन आ 200MP कैमरा के संगे इंडिया में लॉन्च होई हॉनर के नया फोन, मिली 12GB रैम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2023

हॉनर 90 के एह साल के सुरुआत में ग्लोबल बाजारन में लॉन्च कइल गइल रहे आ जल्दिये भारत में एकर सुरुआत होखे वाला बा। ऑनर अभी तक आधिकारिक तौर पs देस में हैंडसेट लेआवे के

Share

हॉनर 90 के एह साल के सुरुआत में ग्लोबल बाजारन में लॉन्च कइल गइल रहे आ जल्दिये भारत में एकर सुरुआत होखे वाला बा। ऑनर अभी तक आधिकारिक तौर पs देस में हैंडसेट लेआवे के कवनो योजना के घोषणा नइखे कइले।

एमे ग्लोबल वैरिएंट के समान फीचर्स होखे के उम्मीद बा, जेमे 120Hz रिफ्रेश रेट के संगे 6.7-इंच OLED डिस्प्ले बा। ई स्नैपड्रैगन 7 जेन 1 चिपसेट से लैस बा। आईं रउआ के लॉन्च होखे वाला नया स्मार्टफोन के बारे में आउर डिटेल से बतावत बानी।

Honor 90 जल्दी करी इंडिया में एंट्री

लेटेस्ट रिपोर्ट के मानल जाव तs Honor 90 इंडिया लॉन्च इवेंट सितंबर में आयोजित कइल जाई। फिलहाल फोन के लॉन्च डेट के पुष्टि नइखे। हॉनर के माधव शेठ के रूप में नया भारत सीईओ मिलला के बहुते चरचा बा, जे पहिले रियलमी इंडिया के वीपी रहस। रिपोर्ट के मानी तs ई क्वाड-कर्व्ड डिजाइन के संगे एमरल्ड ग्रीन कलरवे में उपलब्ध हो सकत बा।

Honor 90 के स्पेसिफिकेशन

हॉनर 90 के ग्लोबल वर्जन एलईडी फ्लैश के संगे ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप से लैस बा। एमे 200-मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा, 12-मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड आ मैक्रो कैमरा आउर 2-मेगापिक्सल के डेप्थ कैमरा बा। सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर 50 मेगापिक्सल के फ्रंट-फेसिंग कैमरो बा।

Honor 90 के फीचर्स

स्मार्टफोन में 6.7 इंच फुल एचडी+ (1,200 x 2,664 पिक्सल) क्वाड-कर्व्ड OLED डिस्प्ले बा, जवना के रिफ्रेश रेट 120Hz, 1,600 निट्स पीक ब्राइटनेस आ 3,840Hz पल्स-विड्थ मॉड्यूलेशन (PWM) डिमिंग बा। फोन में स्नैपड्रैगन 7 जेन 1 चिपसेट देखे के मिलेला।

स्टोरेज के बात करीं तs एमे 12GB रैम आ 512GB इनबिल्ट स्टोरेज दिहल गइल बा। फोन में 5,000mAh के बैटरी बा जवन 66W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करेला। ग्लोबल वेरिएंट एमराल्ड ग्रीन, मिडनाइट ब्लैक आ डायमंड सिल्वर रंग विकल्पन में उपलब्ध बा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.