Hockey: सात साल बाद हॉकी इंडिया लीग के वापसी, आठ टीम लिहें सs हिस्सा, पहिला भिड़ंत दिल्ली आ गोनासिका के बीच

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2024

Hockey: भारतीय हॉकी में एगो नया युग के सुरुआत होई, जब सात साल के बाद हॉकी इंडिया लीग (एचआईएल) के सुरुआत होई। पहिला मुकाबला सनीचर के दिल्ली एसजी पाइपर्स आ गोनासिका विजाग के बीच खेलल

Share

हॉकी इंडिया lig


Hockey: भारतीय हॉकी में एगो नया युग के सुरुआत होई, जब सात साल के बाद हॉकी इंडिया लीग (एचआईएल) के सुरुआत होई। पहिला मुकाबला सनीचर के दिल्ली एसजी पाइपर्स आ गोनासिका विजाग के बीच खेलल जाई। आठ टीमन के एचआईएल के मुकाबला बिरसा मुंडा स्टेडियम में खेलल जाई आ फाइनल एक फरवरी के होई।

टीमन के दु पूल में बांटल जाई

पहिला चरण में 18 जनवरी तक टीम एक-दूसरा के संगे आमने-सामने होइहें सs। ओकरा बाद दूसरका चरण 19 जनवरी से खेलल जाई। ओमें टीमन के दु पूल में बांटल जाई। पूल ए में दिल्ली एसजी पाइपर्स, शारची रारह बंगाल टाइगर्स, सूरमा हॉकी क्लब, वेदांता कलिंगा लैंसर्स जबकि पूल बी में गोनासिका, हैदराबाद तूफान, तमिलनाडू ड्रैगन्स आ यूपी रुद्रास के टीम होइहें सs। एमे सब टीम पूल में एक बेर आपस में खेलिहें सs। शीर्ष पs रहे वाला चार टीम 31 जनवरी के होखे वाला सेमीफाइनल में पहुंचिहें सs।

पहिला बेर चार टीमन वाली महिला लीग होई

अबकी बेर चार टीमन वाली महिला हॉकी लीग के सुरुआत होई। महिला लीग 12 जनवरी से रांची में होई। ई मुकाबला मारंग गोमके जयपाल सिंह मुंडा एस्ट्रो टर्फ स्टेडियम में खेलल जाई। पूल चरण के बाद शीर्ष दु टीम 26 जनवरी के होखे वाला फाइनल में भिड़ी।

Read Also: Indian Railways: ढाई महीना के बाद खत्म भइल इंतजार, रेलवे बोर्ड कइलस 23 नया मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.