शिमला के बाद मंडी में मस्जिद पs घमासान, सड़क पs उतरले हिंदू संगठन के कार्यकर्ता

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 13, 2024

  शिमला में प्रदर्शन के बाद अब मंडी में भी हिन्दू संगठन सड़क पs उतर के विरोध प्रदर्शन कईले बाड़े। पुलिस प्रदर्शनकारी के रोके खातिर पानी के बौछार के इस्तेमाल कईलस। बता दीं कि पीडब्ल्यूडी

Share

मंडी में अवैध मस्जिद पs घमासान: फोटो

 

शिमला में प्रदर्शन के बाद अब मंडी में भी हिन्दू संगठन सड़क पs उतर के विरोध प्रदर्शन कईले बाड़े। पुलिस प्रदर्शनकारी के रोके खातिर पानी के बौछार के इस्तेमाल कईलस। बता दीं कि पीडब्ल्यूडी आ मस्जिद के लोग मंडी के जेल रोड पs बनल अवैध मस्जिद के दीवार गिरा दिहले. पुलिस के मौजूदगी में मस्जिद के अवैध दीवार अवुरी कमरा के हथौड़ा से मारल गईल अवुरी विवादित मस्जिद के अवैध हिस्सा के तोड़ दिहल गईल। आरोप बा कि मस्जिद के दीवार पीडब्ल्यूडी के जमीन पs बनल रहे अवुरी इलाका के लोग एकर विरोध करत रहले। मंडी नगर आयुक्त के कोर्ट में एह मस्जिद के मामला चलत बा। हालांकि नगर निगम न्यायालय के फैसला से पहिले भी मस्जिद के देवाल गिरावे से पता चलता कि मस्जिद में कहीं अवैध निर्माण भईल रहे।

एकरा से पहिले हिमाचल प्रदेश के राजधानी शिमला में संजौली मस्जिद के लेके बहुत हंगामा भईल रहे। एही बीच स्थानीय मुस्लिम कल्याण समिति नगर निगम आयुक्त से अनधिकृत हिस्सा पs मुहर लगावे के निहोरा कईलस। एतने ना, मुस्लिम कल्याण समिति भी कोर्ट के आदेश के मुताबिक मस्जिद के अवैध हिस्सा के गिरावे के आग्रह कईलस। एह समिति में मस्जिद के इमाम आ वक्फ बोर्ड आ मस्जिद प्रबंधन समिति के सदस्य शामिल बाड़े.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.