Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महिला जज से बदसलूकी पs हाईकोर्ट सख्त : यूपी के कवनो अदालत में वकील भारत सिंह के वकालत कइला पs रोक

कोर्ट एसएसपी बुलंदशहर के महिला जज के सुरक्षा करे आ  आरोपी वकील के हरकत खातिर उनका खिलाफ अलग से कानूनी कार्रवाई करे के निरदेसो देलो बा। कोर्ट जिला जज के महिला जज के सुरक्षा के इंतजाम के आदेस देले बा ताकि अदालती कार्यवाही में कवनो प्रकार के व्यवधान ना हो सके।

910

इलाहाबाद हाईकोर्ट बुलंदशहर जिला अदालत के खुर्जा कोर्ट के वकील भारत सिंह के समूचा प्रदेश के कवनो अदालत में वकालत करे पs रोक लगा देले बा। संगही 21 जनवरी के उनका के पेश होखे के निरदेस देले बा। वकील पs खुर्जा अदालत के एगो महिला जज के संगे बदसुलूकी करे आ बार-बार धमकावत जीवन सुरक्षा के खतरा पैदा करे के आरोप में हाईकोर्ट में आपराधिक अवमानना के कार्यवाही चल रहल बा।

कोर्ट एसएसपी बुलंदशहर के महिला जज के सुरक्षा करे आ आरोपी वकील के हरकत खातिर उनका खिलाफ अलग से कानूनी कार्रवाई करे के निरदेसो देले बा। कोर्ट जिला जज के महिला जज के सुरक्षा के इंतजाम के आदेस देले बा ताकि अदालती कार्यवाही में कवनो प्रकार के व्यवधान ना हो सके।

कोर्ट कहलस, आरोपी वकील के हाथन कानून व्यवस्था के हवा में उड़ावत नइके देखल जा सकत। महिला जज के लगातार अपमानित कइल आ धमकी देवल गंभीर ममिला बा। एकरा से कड़ाई से ना निपटल गइल तs न्याय तंत्र समाप्त हो जाई। ई आदेस न्यायमूर्ति अश्वनी कुमार मिश्र आ न्यायमूर्ति शिव शंकर प्रसाद के खंडपीठ अवमानना केस के सुनवाई करत देले बा।

ममिला के तहत 1 जुलाई 22 के खुर्जा के अदालत में महिला जज के संगे बदसुलूकी करे के आरोप में वकील भारत सिंह के खिलाफ आपराधिक अवमानना कार्यवाही संदर्भित कइल गइल। कोर्ट आरोपी वकील के नोटिस जारी कs के जवाब मंगलस। कवनो ना कवनो बहाने सुनवाई टलल रहल। जवाब दाखिल ना करत फेर से समय मांगल गइल।

हाईकोर्ट के विशेष अधिवक्ता सुधीर मेहरोत्रा कोर्ट के बतवले कि एह घटना के बाद प्रशासनिक न्यायाधीश के महिला जज रिपोर्ट भेजले बाड़ी। एमे कहल गइल बा कि 20 सितंबर आ 21दिसंबर के उनका संगे दुर्व्यवहार कइल गइल। उनका कोर्ट से उठके अपना चैंबर में जीवन रक्षा करे के पड़ल।

प्रशासनिको न्यायाधीश के रिपोर्ट में जज के सुरक्षा के गंभीर खतरा बतावत गैर जिम्मेदाराना हरकत के गंभीरता से लेवे के कहले बा। एह पर कोर्ट सख्त डेग उठावत वकील के खिलाफ अलग से कानूनी कार्रवाई सहित अवमानना ममिला में हाजिर होखे के निरदेस दिहल गइल बा। अगिला सुनवाई 21 जनवरी के होई।

साभार: अमर उजाला

433140cookie-checkमहिला जज से बदसलूकी पs हाईकोर्ट सख्त : यूपी के कवनो अदालत में वकील भारत सिंह के वकालत कइला पs रोक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.