महिला लोगन के बेमारियन के शिकार बनावेला खराब स्लीपिंग पैटर्न, 7 तरीकन से करीं सुधार

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 8, 2024

भागत-दउड़त जिनगी में एह दिनन लोगन के सकून के तनिको समय बड़ मुश्किल से मिल पावेला। काम के प्रेशर आ निजी जिनगी के आउर जिम्मेदारी लोगन के कंधा झुकावे लागल बा। अइसे में खानपान के

Share

भागत-दउड़त जिनगी में एह दिनन लोगन के सकून के तनिको समय बड़ मुश्किल से मिल पावेला। काम के प्रेशर आ निजी जिनगी के आउर जिम्मेदारी लोगन के कंधा झुकावे लागल बा। अइसे में खानपान के अलावे ओह लोगन के नींद बहुते प्रभावित होखे लागल बा। खास कs के महिला लोग अक्सर नींद के कमी से परेसान रहेला लो। घर के कामकाज आ ऑफिस वर्क के वजह से अक्सर ओह लोगन के स्लीप पैटर्न बिगड़े लागेला। जवना के सीधा असर ओह लोगन के सेहत पs देखे के मिलेला।

नींद के कमी के कारण शारीरिक स्वास्थ्य तs प्रभावित होखबे करेला, संगही मानसिक स्वास्थ्य बहुत प्रभावित होला। एह वजह से महिला लोग अनिद्रा आ डिप्रेशन जइसन समस्या के शिकार होखे लागेला लो। अइसन में सेहत दुरुस्त बनावे खातिर स्लीपिंग पैटर्न के सुधारल बहुते जरूरी बा। आईं जानल जाव कुछ अइसन टिप्स जवना से रउआ आपन स्लीपिंग पैटर्न सुधार सकत बानी।

एह तरीकन से सुधारीं आपन स्लीपिंग पैटर्न

  1. सबेरे ब्रेकफास्ट में कम से कम 30 ग्राम प्रोटीन के संगे संतुलित मात्रा में कार्ब्स आ फैट के सेवन करीं
  2. सबेरे सूत के उठला पs सबेरे के घाम लीं। एकरा से देह के स्लीप वेक साइकिल बैलेंस होला आ सर्केडियन रिथम नेचर से जुड़के संतुलित बनल रहेला। सबेरे के घाम मूड के अच्छा रखे, एक्टिव आ अलर्ट रहला के संगही अच्छा स्लीप क्वालिटी खातिर जरूरी बा। शारीरिक रूप से सक्रिय रहीं।
  3. हर दिन 8000 स्टेप्स का लक्ष्य रखें और वेट लिफ्टिंग करें। एकरा से जल्दी आ गहिराह नींद आवेला, तनाव कम होला आ अनिद्रा के समस्या से राहत मिलेला।
  4. रात में सूते के समय अनहरिया में मोबाइल भा स्क्रीन वाली ब्लू लाइट के इस्तेमाल करे से बचीं।
  5. रात में हल्का डिनर लीं। जादे खाना खाये से ओकरा के पचावे खातिर जादे एनर्जी के जरूरत पड़ेला। एकर मतलब ई भइल कि जब सर्केडियन साइकिल के सुरुआत होखे के चाहत रहे, ओह समय एतना मेहनत करे के पड़ी, जवना से नींद प्रभावित होई। सूते से पहिले पांच मिनट के जर्नलिंग आ ब्रीथ एक्सरसाइज करे से सकून के नींद आवेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.