Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वास्थ मंत्री के अध्यक्षता में राज्यस्तरीय मासिक समीक्षा बइठक के कइल गइल आयोजन 

6,588

मंगर के राज्य स्वास्थ एवं परिवार कल्याण संस्थान, पटना के सभागार में माननीय मंत्री स्वास्थ्य श्री मंगल पाण्डेय जी के अध्यक्षता में राज्यस्तरीय मासिक समीक्षात्मक बइठक के आयोजन कइल गइल। राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के अंतर्गत अलग-अलग स्वास्थ कार्यक्रमन के भौतिक आ वित्तीय प्रगति आउर अद्यतन इस्थिति के समीक्षा खातिर सबे क्षेत्रीय अपर निदेशक, स्वास्थ सेवा, सिविल सर्जन, क्षेत्रीय कार्यक्रम प्रबंधक आ जिला कार्यक्रम प्रबंधक के राज्यस्तरीय मासिक समीक्षात्मक बइठक में शामिल भइल लो।

स्वास्थ मंत्री श्री मंगल पांडेय जी एह अवसर पs कहले कि राज्य में स्वास्थ्य संबंधी जवन कार्यक्रम चल रहल बा, ओकर समीक्षा कइल गइल बा। आवे आला समय में चिकित्सकन के अस्पतालन में मरीज देखे ला बेसी सुविधा होखे जवना से ऊ जादे मरीजन के देख सके लो। दवाईयन के बेवस्था आउर बढ़िया होखे। जवन दवाईयन के स्टॉक उपलब्ध बा ऊ जादे से जादे अस्पतालन तक पहुंच सकें। जांच संबंधी सुविधा में जदि कठिनाई हो रहल होखे तs ओमे आउर सुधार कइल जाव। ओकरा अलावे अइसन मानक जेकरा कारण स्वास्थ विभाग के काम के समीक्षा कइल जाला, ओहू पs चर्चा कइल गइल। ओमे मातृ—मृत्यु दर, शिशु मृत्यु दर, नवजात शिशु मृत्यु दर, टीबी नियंत्रण, मलेरिया नियंत्रण, कालाजार सहित आउर कार्यकमन सबंधी समीक्षा कइल गइल।

ऊ आगे कहले कि तीन बरिस में स्वास्थ क्षेत्र में जोगदान देवे आला चिकित्सक आ आउर स्वास्थ्यकर्मी (लगभग 29 हजार) के आसपाल बहाली भइल बा। मानवबल के कमियन के दूर कइल जा रहल बा। तीन गो जिला जवन बेहतर काम करी ओकरा के सम्मानित कइल जाई। जहां कवनो कमी बा, ओकरा के दूर कइल जा रहल बा।

बइठक में राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के अलग – अलग कार्यक्रमन के अद्यतन इस्थिति (एईएस/जेई सहित), स्वास्थ्य कार्यक्रमन खातिर निर्धारित सूचकांकन के प्रगति, कार्यक्रमवार आवंटित राशि के व्यय के अद्यतन इस्थिति आ समय-समय पs मुख्यालय स्तर से निर्गत दिशा-निर्देशन के अनुपालन के समीक्षा कइल गइल।

बइठक में कार्यपालक निदेशक, राज्य स्वास्थ्य समिति श्री संजय कुमार सिंह, श्री केशवेंद्र कुमार, अपर-कार्यपालक निदेशक, राज्य स्वास्थ्य समिति, श्री शशांक शेखर सिन्हा, माननीय स्वास्थ्य मंत्री के आप्त सचिव, श्री कमल नयन, प्रशासी पदाधिकारी, राज्य स्वास्थ्य समिति, श्री राजेश कुमार उप सचिव, राज्य स्वास्थ्य समिति, श्री अविनाश कुमार पाण्डेय, राज्य कार्यक्रम प्रबंधक, राज्य स्वास्थ्य समिति सहित आउर वरिष्ठ पदाधिकारी उपस्थित रहे लो।

257410cookie-checkस्वास्थ मंत्री के अध्यक्षता में राज्यस्तरीय मासिक समीक्षा बइठक के कइल गइल आयोजन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.