Haryana Election: बीजेपी में टिकट बंटवारा पऽ मंथन जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

भाजपा जल्दिए हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के सूची जारी करे वाली बिया। हालांकि पार्टी के बइठक बियफे के भइल रहे, बाकिर अबही तक एकर कवनो घोषणा नइखे भइल। दूसर ओर बहुत उम्मीदवार दावा

Share

The list of BJP candidates may be released soon in Haryana

भाजपा जल्दिए हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के सूची जारी करे वाली बिया। हालांकि पार्टी के बइठक बियफे के भइल रहे, बाकिर अबही तक एकर कवनो घोषणा नइखे भइल। दूसर ओर बहुत उम्मीदवार दावा करतारे कि उनकर टिकट कन्फर्म हो गइल बा। एकरा चलते उनका समर्थकनो में पूरा उत्साह देखाई देता।

हरियाणा विधानसभा चुनाव के टिकट बाँटे के लेके भारतीय जनता पार्टी के केंद्रीय कार्यसमिति के बइठक तऽ खतम तक ना भइल रहे कि दावेदार अपना समर्थकन के फोन करे लगले।

बियफे के सांझ भाजपा विधानसभा चुनाव के टिकट वितरण के संबंध में केंद्रीय चुनाव समिति के बइठक भइल। एह बइठक में केकर टिकट तय भइल अबहीं ले केहू के पता नइखे।

एकरा संगे-संगे टिकट खाती आपन दावा जमा करेवाला लोग, राते में अपना समर्थकन के फोन कऽ के कहे लगले कि टिकट मिल गइल बा। अब चुनाव के तइयारी शुरू कर दीं।

तइयारी खातिर दिल्ली से फोन आइल

दिल्ली से चुनाव लड़े खातिर तइयारी करे के फोन आइल बा। हालांकि टिकट के घोषणा के लेके अबही ले कवनो अपडेट नइखे मिलल।

दावेदारन के कहनाम बा कि आजु ओह लोग के नाम एह सूची में आ जाई। केकर नाम आवे के बा, ई त लिस्ट अइला के बादे पता चली। समर्थकन में पूरा उत्साह देखल जा सकेला काहे कि उऽ लोग अपना अपना उम्मीदवारन के टिकट मिल के खुश बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.