Telecom: BSNL यूजर्स के होई मौज, निजी कंपनियन के बढ़ी टेंशन! अप्रिल में ई बड़ सुविधा ले आ रहल बिया सरकारी कंपनी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 11, 2024

सरकारी टेलीकॉम कंपनी बीएसएनएल तेजी से आपन नेटवर्क अपग्रेड करे आ फइलावे के काम कs रहल बिया।  कंपनी अगिला छव महीना में आपन पूरा नेटवर्क के पूरा तरे बदले जा रहल बिया। ताकि यूजर्स के

Share

सरकारी टेलीकॉम कंपनी बीएसएनएल तेजी से आपन नेटवर्क अपग्रेड करे आ फइलावे के काम कs रहल बिया।  कंपनी अगिला छव महीना में आपन पूरा नेटवर्क के पूरा तरे बदले जा रहल बिया। ताकि यूजर्स के बेहतर कनेक्टिविटी आ इंटरनेट सुविधा मिल सके।

हाले में बीएसएनएल के अधिकारी संसदीय समिति के बतावल लो कि ऊ लोग बीएसएनल के यूजर बेस आ सेवा के बेहतर करे खातिर जोर-शोर से काम कs रहल बा। अगिला छव महीना में बीएसएनएल के सेवाएं पहिले से आउर बेहतर हो जाई।

दरअसल,बीएसएनएल के प्लानिंग बा कि ऊ आवे वाला कुछ महीना में अपना 4जी टॉवरन के संख्या 24 हजार से बढ़ाके 1 लाख करी। एकरा से यूजर्स के बेहतर कनेक्टिविटी आ इंटरनेट सुविधा मिल सकी। ओहिजा, सरकारी टेलीकॉम कंपनी आत्मनिर्भर भारत पहल के तहत बेहतर टेलीकॉम सेवा खातिर देसी टेक्नोलॉजियो पs काम कs रहल बिया।

54000 4जी टावर इंस्टॉलेशन के तइयारी

सरकारी टेलीकॉम कंपनी से जुड़ल अधिकारियन के कहनाम बा कि, करीब 54000 4जी टावर इंस्टॉलेशन खातिर लगभग तइयार बा। एकरा संगही कइयन गो साइट पs कंपनी नेटवर्क अपग्रेडेशन के काम लगभग पूरा कs चुकल बिया। अगिला छव महीनन के अंदर 100000 4जी टावर लगावे के तइयारी पूरा कइल जा चुकल बा। एकरा संगही कंपनी कइयन गो साइट पs 5जी नेतवर्को टेस्ट कs रहल बिया।

ग्रामीण ग्राहकन पs होई नजर

हाले में बीएसएनएल कार्बन मोबाइल के संगे पार्टनरशिप कइले बिया। कंपनी लगातार अपना नेटवर्क के अपग्रेड करे पs काम कs रहल बिया। बीएसएनएल के ग्राहक जादेतर ग्रामीण क्षेत्र से बा लो। इहे कारण बा कि कंपनी कार्बन मोबाइल के संगे मिलके फीचर फोन ले आवे के प्लानिंग कइले बिया। अइसन कइला से कंपनी के ग्राहकन के 4जी सेवा खातिर महंगा स्मार्टफोन लेवे के जरूरत ना पड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.