गोरखपुर मौसम : बादर मs छुपले सुरूज, गरमी कs तेवर नरम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2023

भारतीय मौसम विभाग के आंकड़ा के मुताबिक ए पूरा सप्ताह के तपत गरमी से कुछ राहत मिली। अधिकतम तापमान 40 डिग्री के आसपास होखे के संभावना बा। जम्मू-कश्मीर से हिमाचल ले बर्फबारी के कारण उत्तर

Share

भारतीय मौसम विभाग के आंकड़ा के मुताबिक ए पूरा सप्ताह के तपत गरमी से कुछ राहत मिली। अधिकतम तापमान 40 डिग्री के आसपास होखे के संभावना बा।

जम्मू-कश्मीर से हिमाचल ले बर्फबारी के कारण उत्तर भारत में मौसम के बदलाव आइल बा। शुक्रवार के बादल सूरज के सोझा पातर चादर पसर गईल। एकरा चलते सूरज के रवैया भी नरम हो गईल आ दिन के तापमान गुरुवार के मुक़ाबले करीब 6 डिग्री गिर के 37.5 डिग्री हो गईल। एकरा चलते लोग के पछिला एक सप्ताह से चिलचिलात गरमी से राहत मिलल।

मौसम शुक्रवार के सबेरे से ही राहत देवे लागल। हल्का बादल आसमान के ढंक लेले रहे। हालांकि दिन बीतत-बढ़त बादल अलगा होत गइल बाकिर फेरु दुपहरिया के बाद सूरज बादल के आड़ में लुकाइल रह गइल। एकरा चलते दिन के तापमान मात्र 37.5 डिग्री तक बढ़ सकल।

जवन अप्रैल के सामान्य तापमान से एक डिग्री कम रहे। जबकि पिछला दिन में अधिकतम तापमान 43 डिग्री के करीब पहुंच गईल रहे। एकरा चलते लोग के हालत गरमी से त्रस्त रहे। लेकिन, शुक्रवार के तापमान में गिरावट के चलते तपल गरमी से बहुत राहत मिलल। पिछला कुछ दिन के मुक़ाबले शाम भी सुखद लागल।

भारतीय मौसम विभाग के आंकड़ा के मुताबिक ए पूरा सप्ताह के तपत गरमी से कुछ राहत मिली। अधिकतम तापमान 40 डिग्री के आसपास होखे के संभावना बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.